दू गाड़ी में राखल चार ड्रम स्प्रीट का साथ दू आदमी गिरफ्तार

सोमार का दिने आजमगढ जिला के मुबारकपुर इलाका में खुफिया जानकारी का आधार पर पुलिस दू गाड़ियन से चार गो ड्रम में राखल 1200 लीटर रेक्टीफाइड स्प्रिट बरामद कइलसि. एह मामिला में दू जने के गिरफ्तारो कर लिहलसि पुलिस.
पुलिस अधीक्षक अरविन्द सेन बतवले कि खुफिया जानकारी का बाद जब सठियांव रेलवे क्रासिंग का लगे चेकिंग कइल जात रहे तब पुलिसे पर गोली चलावत दू गो गाड़ी भागे लगली स. पुलिस घेराबंदी क के दुनु गाड़ियन के ध लिहलसि आ दू गो अपराधियन के पकड़ लिहलसि. दू गो अउर अपराधी भाग निकलले. गिरफ्तार आरोपियन के नाम जयराम यादव आ सुनील राम हवे.
पुलिस के कहना बा कि गिरफतार आरोपी ढेर दिन से वाराणसी एयरपोर्ट का लगे जौनपुर के रास्ते पूर्वांचल के कई जिलन में रेक्ट्रीफाइड स्प्रिट के नाजायज सप्लाई करत रहले.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।