दू गो कानून बा

DAnand

– डी आनन्द

पानी से सस्ता गरीबन के खून बा,
लागऽता देसवा में दू गो कानून बा.

जे बा छूछे ओकरा, काहे केहू पूछे,
दुनिया-जहान, बिना पइसा के सून बा.

केस लटियाइल ब‌ा, सरसो के तेल बिना,
बड़का लोगवा खातिर, तेल जैतून बा.

ओकर सभे जुर्म, हो जाला माफ हो,
बड़का होटल में, जेकर हनीमून बा.

कानूने के रक्षक बन गइल भक्षक हो,
अदालतो में लागत बा लाग गइल घून बा.

जे भ्रष्टाचारी बा ओकरा चुन के मारऽ,
मन में ‘डी आनन्द’ के, इहे जुनून बा.


अभिनेता गायक एंकर गीतकार आ समाजसेवी डी आनन्द पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकि नगर में रहेले. इनकर एगो धारावाहिक ‘सास ननद बी आ गोनू झा’ जल्दिए शुरू होखे वाला बा.
संपर्क : danand.danand@gmail.com

1 Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।