दू गो जरल लाश मिलला से इलाहाबाद में सनसनी

(प्रतीक फोटो)


इलाहाबाद,30 मार्च (वार्ता). इलाहाबाद के दारागंज इलाका में आजु दू आदमी के जरल लाश मिलला का बाद इलाका में सनसनी पसर गइल बा.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि इलाका में सबेरे टहले निकलल लोग बक्शीबांध का लगे दू गो जरल लाश देखल त पुलिस के खबर कइल.
पुलिस आ के लाशन के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि. एह लाशन के पूरा से जर गइला का चलते पहचाने में दिक्कत हो रहल बा. अनेसा बा कि एहनी के खूल कहीं अउर कर के एहिजा ले आके जरावल गइल बा.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
एगो दोसर घटना में हण्डिया इलाका के मिटियापुर के रहे वाला 35 बरीस के रामबाबू यादव के काल्हु राति कुछ लोग खटीया में बान्ह के जियते जरावे के कोशिश कइलें. राम बाबू के 50 फीसदी से बेसी जरल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
घटना काहे भइल से पता नइखे चलल. बाकिर घरवालन के तहरीर का आधार पर ग्राम प्रधान बी डी मिश्रा समेत तीन जने का खिलाफ मामिला दर्ज भइल बा. तीनों फरार बाड़ें आ पुलिस जोहे मे लागल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।