दू दिन पहिले दहल लड़िका के लाश मिलल

दू दिन पहिले मछली मारे गइल कैमूर जिला के करमचट के सबार गाँव के एगो नवही दुर्गावती नदी गइल रहुवे. जब ओहिजा से लवटल ना त घरवाले ओकर खोज शुरू कइले. काल्हु शुक का दिने ओह लड़िका के लाश दुर्गावती नदी में शिवपुर गाँव का लगे उपराइल मिल गइल. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।