दू प्रेमियन के कहानी ह तोहरे से बियाह करब

भोजपुरी फिल्म “तोहरे से बियाह करब” दू गो ओह प्रेमियन के कहानी ह जे समाज में हो रहल अत्याचार, सामाजिक कुरीति, जाति पाँति के कुप्रथा का खिलाफ आवाज बुलन्द कइले बाड़े. जिनकर लक्ष्य बा समाज के पिछड़ल समुदाय के आगा बढ़े खातिर उत्साहित करल. बाकिर जे भी सामाजिक बदलाव के लड़ाई लड़े चलेला ओकरा तरह तरह के बाधा विरोध झेले के पड़ेला आ एहू लोग के पड़त बा. समाज के दुश्मन कबो ना चाहस कि समाज में अपनापन बढ़े, लोग आगा बढ़े. बाकिर सामाजिक बदलाव के जागृति जब आ जाला त समाज के अइसनका दुश्मननो के लीलत चल जाला. कुमार विकल के लिखल कहानी पर उनुके निर्देशन में बनल एह फिल्म के निर्माण अशोक कुमार आ मुकेश राम कइले बाड़े आ प्रस्तुत कइले बाड़न कुशा राम. फिल्म “तोहरे से बियाह करब” के कलाकारन में मिथिलेश अलबेला, देविका घोष, राज मल्होत्रा, ज्योति वर्मा, इन्द्राणी सिंह, नारायण चौधरी, अनिल, मजनू दादा, डा॰रनबीर, गौतम, बिनय, अमरेश, गंगाराम, राजकुमार, उमेश आ सुखानी शामिल बाड़े. संगीत दिहले बाड़न नागेन्द्र चौधरी, संपादक हउवें देवोजीत, कैमरा संचालन रतन शाह घोष के ह आ प्रोडक्शन डिजायनर हउवें एस के गुप्ता. फिल्म एही महीना बंगाल आ बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।