दू महीना में लगातार आठ फिलिम के शूटिंग करे के रिकॉर्ड

bipin-singhदू महीना में लगातार आठ गो फिलिम, घायल योद्धा, इ कईसन विदाई, प्यार मोहब्बत जिंदाबाद, अखियाँ जब से लड़ल, राजनीति के योद्धा, बेनाम बादशाह, ठोक देब, यही है प्यार सजना, में बिपिन सिंह विलेन के रूप में शूटिंग करीहें. ई रिकॉर्ड शायदे कवनो दोसरा अभिनेता के नामे होखे आ उहो खास कर के कवनो विलेन के.

बिपिन सिंह अपना विलेन किरदार संगे पूरा समर्पित बाड़ें आ एह फिलिमन ला खूब मेहनत करत बाड़ें. बिपिन सिंह के मानना बा कि दर्शक एह फिलिमन में उनुका अभिनय के पूरा प्यार आ आशीर्वाद दीहें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..