देखे के बा के रोकत बा तिरंगा फहरावे से

काल्हु बनारस के नाटी इमली में भाजपा युवा मोर्चा के राष्ट्रीय एकता यात्रा चहुंपला पर आयोजित संकल्प सभा में नवजोत सिंह सिद्धू गरजलें, आजादी की शाम नहीं होने देंगे, वीरों की समाधियों को बदनाम नहीं होने देंगे. कहलें कि काश्मीर केहू के जागीर ना ह. अगर केहू रोक सकऽता त रोक के देख ले. हमनी का लाल चौक आवत बानी जा आ ओहिजा तिरंगा फहरा के रहब जा. सिद्धू पूछलन कि देश के कवनो राज्य के ओतना केन्द्रीय धन ना मिले जतना काश्मीर के दिहल जाला तबहियो ओहिजा पाकिस्तानी झंडा फहरावल जा रहल बा आ केन्द्र सरकार मूड़ी गोतले सूतल बिया. एही सभा में कलराज मिश्रा कहलें कि मुस्लिम तुष्टिकरण के पराकाष्ठा हो चुकल बा आ कांग्रेस आ ओकर सहयोगी दल अलगाववादियन के बढ़ावा देत बाड़ी सँ जवना के भाजपा चुनौती मनले बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।