देखे वालन के निमन लागत बा निरहुआ भाईयन के जोड़ी

भोजपुरी सिनेमा के किंग दिनेश लाल यादव आ उनका भाई प्रवेशलाल यादव के जोड़ी भोजपुरिया दर्शकन के बहुते पसनद आ रहल बा. अभय सिन्हा के बनावल फिल्म परिवार में पहिला बेर आवे वाला दूनु भाइयन के जोड़ी के एक बार फेर अभये सिन्हा के बनावल फिलिम आज के करन अर्जुन में दर्शकन के बेहद प्यार मिल रहल बा. लोग अब एह जोड़ी के फिलिमन के इंतजार करे लागल बा.

रियल लाइफ के भाई रील लाइफ में भाईयन के किरदार जतना बढ़िया से निबहले बा कि एक्शन सीन से लेके. सशक्त अभिनय आ दुनु भाईयन का बीच के मजगर केमिस्ट्री देख के लोग गदगद बा. दुनु भाईयन के नृत्य कौशल के लोग कायल हो गइल बा आ सिनेमा घरे में झूमे लागऽता. दुनु भाई के एंट्री पर दर्शक सीटी बजावे लागत बाड़े. अब वितरक निर्माता आ निर्देशको लोग एह जोड़ी के लेके फिल्म बनावे का जुगाड़ में लाग गइल बा.

आज के करन अर्जुन में अर्जुन के भूमिका करे वाला जूनियर निरहुआ अपना ससक्त अभिनय से आपन छवि एगो संपूर्ण अभिनेता का रुप में बना लिहले बाड़े. उनकर डांसिंग स्टाइल होखौ भा मारधाड़ के स्टाइल, सब कुछ दर्शकन के दिल जीते में कामयाब रहल बा. आवे वाली फिल्म तु ही मोर बालमा में प्रवेशलाल यादव के भूमिका आमिर खान टाइप के बा. दिल में प्रवेशलाल के नायिका पाखी हेगडे बाड़ी. आजुकाल्ह प्रवेशलाल यादव दुश्मनी फिल्म का तइयारी में जम के लागल बाड़न.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।