देवघर खातिर स्पेशल रेलगाड़ी

सावन का महीना में काँवरियन के भीड़ देखत पूर्व मध्य रेलवे नरकटियागंज से मोतिहारी मुजफ्फरपुर होखत देवघर जाए खातिर स्पेशल ट्रेन चलाई जवन एक दिन का आँतर पर नरकटियागंज से जसीडीह ले जाइल करी. बतावल गइल बा कि 22 जुलाई से 23 अगस्त का बीच हर दुसरका दिने ई ट्रेन नरकटियागंज से सबेरे 5.45 बजे खुलल करी आ 7.17 बजे मोतिहारी पहुंची. लवटान में ई ट्रेन साँझ 4.20 बजे जसीडीह से खुली आ रात ढाई बजे बापूधाम मोतिहारी पहुंचल करी.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।