देवरिया पुलिस एकमा से छह जने के गिरफ्तार कइलसि

सोमार के देवरिया पुलिस एकमा के हरपुर गाँव आ सिवान जिला के सिसवन नोनिया पट्टी से कुल मिला के छह लोग के पकड़ ले गइल. एह लोग पर देवरिया के एगो लड़िका के अपहरण आ फिरौती वसूलला का बादो हत्या कर देबे के आरोप बा. गिरफ्तार लोग में अंजन तिवारी देवरिया के रामगुलाम टोला के काशी नाथ तिवारी के लड़िका निखिल के नौकरी लगवावे का नाम पर एकमा ले आइल आ पहिले त नौकरी खातिर घूस अपना खाता में जमा करवलसि आ फेर फिरौती माँगे लागल. ओह लड़िका के सिसवन का लगे मार के फेंक दिहल गइल. एह मामिला में सिसवनो के दू जने, उमेश तिवारी आ अभिषेक तिवारी, शामिल रहले. गिरफ्तारी का बाद लोकनाथ पंडित सगरी कहानी बक दिहल बतावत जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।