देवरिया में बोलेरो वाहन से 34 पेटी शराब बरामद

(प्रतीक फोटो)


देवरिया, 29 मार्च (वार्ता). देवरिया पुलिस सलेमपुर इलाका में एगो बोलेरो से तस्करी क के बिहार ले जाइल जात 34 पेटी शराब धइलसि.
पुलिस प्रवक्ता बतवलें कि सूचना मिलल रहुवे कि एगो बोलेरो से कुछ लोग नाजायज तरीका से शराब लेके बिहार जाए के तइयारी करत बाड़ें. एकरा बाद पुलिस मझौलीराज के हनुमान चौक का लगे चहुँपल त शराब तस्कर पुलिस के देखते वाहन छोडके फरार हो गइले.
मौका से पुलिस वाहन से 34 पेटी में राखल शराब के 1632 शीशी बरामद कइलसि. एकर दाम करीब एक लाख 30 हजार रूपिया आंकल गइल बा.
एह बारे में मामिला दर्ज क लीहल गइल बा आ पुलिस फरार शराब तस्करन के जोहे में लागल बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।