देवरिया में भइल व्यापारी के हत्या का खिलाफ प्रदर्शन

भटनी इलाका के मुजरी गांव का नियरा काल्हु एगो किराना व्यापारी रामायण मधेसिया के लूट के हत्या कर दिहल गइल. उनुका से लूटल मोटरसाइकिल पडरी बाजार में लावारिस मिल गइल. बतावल जात बा कि अपराधी रामायण मधेसिया से एक लाख रुपिया लूट ले गइले. आजु एह घटना के खिलाफ खिसियाइल लोग रास्ता जाम कइला का साथ ही रेल पटरी पर खड़ा होके प्रदर्शन आ नारेबाजी कइलन. थानाध्यक्ष के लाइन हाजिर क दिहल गइल बा बाकिर अबहीं ले अपराधियन के कवनो सुराग नइखे लागल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।