देवरिया में लाखों के गहना लुटाइल

देवरिया, 07 मार्च (वार्ता) खामपार इलाका में बेखौफ बदमाश काल्हु राति एगो सर्राफ से लाखों के जेवरात लूट लिहले।

पुलिस सूत्र बतावत बाड़े कि भिंगारी बाजार कस्बा निवासी राजेश वर्मा के भाटपारानी-भिंगारी मार्ग के फफेलिया मोड़ पर सोना के गहना के दुकान बा। ऊ काल्हु साँझ दुकान बंद क के डिग्गी में गहन रख के बाइक से घरे जात रहले। एहि बीच दू गो बाइक पर सवार पांच गो बदमाश भिंगारी कस्बा का लगे उनुका मोटरसाइकिल के ठोकर मार के गिरा दिहले आ तमंचा सटा के डिक्की में राखल गहना लूट ले गइले।
सर्राफ घटना के सूचना पुलिस के दिहलसि त पुलिस नाकेबंदी क के तलाशी अभियान शुरू कइलसि बाकिर अपराधियन के कवनो सुराग न मिलल।

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।