देवास बैंक नोट प्रेस में आजु से तीनो पाली में नोटछपाई शुरू


देवास, 17 अप्रैल. देश भर का एटीएम मशीनन में नगदी कै कमी का चलते मध्यप्रदेश के देवास के बैंक नोट प्रेस में आजु से तीनो पाली में नोट छापे के काम शुरू हो गइल बा.
बैंक नोट प्रेस के उप महाप्रबंधक आर सी मोटवानी ई जानकारी देत कहलन कि देवास में 500 आ 200 रूपिया वाला नोट के छपाई हो रहल बा. आ छपाई के मात्रा बढ़ावे खातिर अब तीने पाली में नोट के छपाई शुरू हो गइल बा.
दू हजार रुपिया का नोट का बारे में पूछला पर कहलन कि ई नौट देवास में ना छपे आ ओकर छपाई एह घरी अइसहूं बन्दे बा. काहे का बारे में कहलन कि ई प्रशासन के नीति पर निर्भर होला आ प्रबंधन एह बारे में कुछ ना कह सके.
देश में कई जगहा चुनाव आ परब त्योहारनो का चलते लोग एह घरी नकदी के इस्तेमाल बढ़ा दिहले बा एहू से नोट के कमी हो गइल बा. कुछ लोग आपन करिया कमाई फेरु गुलाबी मे धरे लागल बा आ सरकारो का नजर में ई बाति आइल बा काहे कि बैंकन में ई नोट बाजार से लवटि के आवल कम हो गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।