
देवी गीतन के माहौल में देवी गाथा (भोजपुरी) के MP3 सीडी ‘ कहनिया दुर्गा माई के ’ नाम से बाजार में बहुत कम समय में काफी लोकप्रिय हो गइल बा.
दिल्ली के मेगना म्यूजिक से रिलीज एह सीडी में स्वर देले बाड़न प्रसिद्ध भोजपुरी गायक डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल. एकर सबसे बड़ खासियत ई बा कि एहमें मधुकैटभ बध से महिषासुर आ शुंभ-निशुंभ बध तक के दुर्गा सप्तशती के सभ प्रसंगन के कहानी सरल शब्दन में आ मधुर स्वर में सुनावल गइल बा.एकरा के सुनिके घर-घर में होखेवाला चंडी पाठ के सभे कथा सभ के आसानी से मिल जाई. एकर गीतकार खुदे डॉ विमल बाड़े आ एहमें संगीत देले बाड़े नगेंद्र चौधरी आ मनोज कुमार चौबे.
एकरा सङही एहमें विष्णु ओझा, के.के.पंडित, दीपक यादव, संजीव और आरजू अंचल के लगभग 60 गो झुमा देबेवाला देवी गीतो बाटे. कुल मिलाके दुर्गाजी के समर्पित ई सीडी सबके खातिर बहुते उपयोगी आ मूल्यवान बाटे.
(मनोज कुमार चौबे)
गाना के एमपी 3 चाहीं त इमेल करीं गाना के कुछ हिस्सा भेज दिहल जाई : anjoria@outlook.com


जय हो जय हो बाधाई बा…
राउर देवी गाथा बड़ा नीक लागल हां I आगे भी इसने कुछ नया के असरा रही I देवी माई के कृपा सभका पर बनल रहे I जय देवी मैया I
विमल जी के बधाई , बहुत नीक लागल , नवरात्री के शुभ अवसर और देवी माई के पाठ भोजपुरी में , बडा सुंदर सन्योग बा ,