देशद्रोही के निर्देशक बनावत बाड़े पूर्वांचल का गैंगवार पर फिल्म

पूर्वांचल के माफिया तत्वन के बुलन्द हौसला आ तमंचा का बल पर लहलहात अपराध के फसल आ गैंगवार पर पहिला बेर भोजपुरी फिल्म बनत बा जवना के नाम हऽ मार देब गोली केहू ना बोली. एहमें भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन एगो एनकांउटर किंग का भूमिका में बाड़े.

Ravi Kishan

चर्चित फिल्मकार जीतेश दूबे के प्रस्तुति आ पायल दूबे निर्मित एह फिल्म के निर्देशन जगदीश शर्मा कर रहल बाड़े जिनकर निर्देशित फिल्म देशद्रोही पिछला साल जम के चर्चा में रहल. रविकिशन का साथे गुंजन पंत के जोड़ी एह फिल्म में पहिला बेर बनल बा. कहे वाला एह फिल्म के गंगाजल, अपहरण, आ, अब तक छप्पन के भोजपुरिया संस्करणौ कह सकेलें. खादी के तरह वर्दी के आपन गुलाम बना लिहले बा आ कइसे माफिया बेलगाम हो गइल बाड़े कि प्रशासन चाहियो के कुछ ना कर पावे, इहे सब एह फिल्म में देखावल बा.

एह फिल्म में रविकिशन का साथे एगो अउरी आकर्षक नाम बा दीपक दूबे के जिनकर भूमिका लोग के ध्यान में जगह बना ली. दीपक एगो पुलिस इन्सपेक्टर के भूमिका में बाड़े जे हफ्ता भर गोली मारो महीना भर धुआँ फेंकेगे का सिद्धान्त पर काम करेला. फिल्म में एगो मुख्यमंत्री के भूमिका में बारे किरण कुमार आ खलनायकन में रंगमंच के चर्चित कलाकार सिद्धार्थ का साथे बृजेश त्रिपाठीओ के नाम बा. कल्पना शाहो के किरदार मजगर बा. गीत विनय बिहारी के आ संगीत धनंजय मिश्रा के ह. फिल्म के शूटिंग पूर्वांचल में करावल गइल बा आ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

जीतेश दूबे एकरा से पहिले अपना फिल्म मुन्नी बाई नौटंकीवाली, धर्मवीर, आ बृजवा से लोगन के दिल जीत चुकल बाड़े.


स्रोत शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *