देश के विरोधी गोलन के लोकतंत्र विरोधी रवैया का खिलाफ प्रधानमंत्री उपवास कइलन


नयी दिल्ली 12 अप्रैल (वार्ता). संसद में बजट सत्र के कार्यवाही में लगातार रुकावट डाले वााला देश के विरोधी गोलन के रवैये के विरोध जतावे खातिर बियफे का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ भाजपा के सांसद अउर नेता देश भर में जगहे जगह उपवास कइलें.
उपवास पर रहला का बावजूद पीएम मोदी दिनभर आपन सरकारी कामो निपटवलें. एह बीचे चेन्नई के कांचीपुरम जिला में दसवां डिफेंस एक्पो के उद्घाटन कइलें, आ चेन्नई के अडयार में कैंसर संस्थान के दौरा कइलें.
पार्टी का ओर से जारी बयान में कहल गइल बा कि – सत्ता से बाहर रहला का चलते उपजल हताशा, कुंठा आ अपना लोकप्रियता में आवत गिरावट का चलते कांग्रेस एगो नियोजित रणनीति का तहत समाज में एक तरह के डर उपजावें में लागल बिया आ देश में भ्रम के हालात बनावे के कोशिश करत बिया. समाज में नफरत आ दरार बनवला का साथेसाथ कांग्रेसी गोल देश के शांति आ सदभावनो के नुकसान पहुंपावत बिया. संसद के पूरा बजट सत्र कांग्रेसी गोल के हरकत का चलते पूरा तरह बेकार हो गइल.
कांग्रेसी गोल एह उपवास पर कहले बावे कि – ई अउर कुछ ना, महज फोटू खिंचवावे आ ड्रामा करे के मौका रहल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।