देश के सबसे अधिका सांप्रदायिक पार्टी कांग्रेस हवे, कहलसि भाजपा

भाजपा कांग्रेस पर आजु अछरंग लगवलसि कि ऊ सपा संगे मिल के सांप्रदायिक माहौल बिगाड़े में लगाल बिया. कहलसि कि देश में सबले बड़ सांप्रदायिक पार्टी कांग्रेसे हिय.
भाजपा प्रवक्ता निर्मला सीतारमन मंगल का दिने दिल्ली में पार्टी के नियमित ब्रीफिंग मे पत्रकारन के सवालन का जवाब मे कहली कि ई डंका के चोट पर कहल जा सकेला कि अगर देश में कवनो पार्टी सबले बेसी सांप्रदायिक बिया त ऊ कांग्रेस बिया. कहली कि कांग्रेस सपा संगे मिल के एगो समुदाय के लोग के परेशान करत बिया, ओह लोग के अधिकार खारिज करत बिया आ दोसरा ओर दोसर समुदाय के लोग के खुश करे में लागल बिया.
रिपोर्ट आइल रहे कि जमीयत उलेमा ए हिन्द के महासचिव महमूद मदनी कहले बाड़न कि कांग्रेस वोट खातिर मुसलमानन का मन मे डर मत बइठावे. एही पर पूछल सवाल का जवाब में निर्मला सीतारमन कहली कि भाजपा के साफ नीति ह कि ऊ जाति, धर्म, संप्रदाय के आधार पर वोट ना मांगे आ सुशासन अउर विकास का नाम पर वोट मांगेले.
एगो अउर सवाल के जवाब में उनकर कहना रहे कि उत्तर प्रदेश के सपा सरकार आपन राजनीतिक विफलता लुकावे खातिर नौकरशाहन के दंडत बिया, सरकार के लागत बा कि नौकरशाहन के दंडले से हर समस्या के समाधान हो जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।