(शनिचर, 14 फरवरी के खबर)
Download Music – Free Audio – TatkaKhabar-14-Feb-15 टट…
-
बिहार सरकार धारी धरही समेत दुसाध जाति के महादलितन में शामिल कर लेबे के फैसला कइले बिया. इहो तय भइल बा कि अनुसूचित जातियन वाला टोला में विकास मित्र पर अनुसूचितने के बहाल कइल जाई. बीस बरीस से अधिका के अनुभव राखेवाला पत्रकारन के पेंशनो देबे के फैसला कइल गइल बा. दोसरा तरफ जदयू एह तरह के लोकलुभावन फैसला करे से माँझी सरकार के रोके के मांग राज्यपाल से कइले बावे.
- दिल्ली के मुख्यमंत्री का रूप में अरविन्द केजरीवाल आ उनुका संगे छह गो अउर मंत्रियन के पद के किरिया धरावल गइल. बाद में विभाग के बँटवारा करत केजरीवाल अपना लगे कवनो मंत्रालय नइखन रखले. बिना विभाग के ई पहिला मुख्यमंत्री बन गइलन. एह तरह केजरीवाल पूरा खाली रहीहन आपन राजनीतिक नौटंकी करे खातिर आ बाकी लोग सरकार चलावत रही.
- बिहार विधानसभा के बजट सत्र का पहिला दिने विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पर विचार कइल जाई. एगो निर्दली विधायक पवन कुमार जायसवाल अध्यक्ष पर पक्षपात के आरोप लगावत उनुका के हटावे के नोटिस दिहले बाड़न. एही बीच मुख्यमंत्री गया के सांसद रहल राजेश कुमार के हत्या के मामिला सीबीआई के सॅउप दिहलन जवना में हत्या के साजिश में शामिल रहे के आरोप उदय नारायण चौधरी पर बा.
- महाराष्ट्र के दौरा पर आइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर का दिने राकांपा के शरद पवार संगे मंच साझा कइलन. एक तरह से शिवसेना खातिर एगो इशारा बा. एह घरी शिवसेना भाजपा संगे सरकार में बिया बाकिर मोदी पर हमला करे के कवनो मौका बाँव नइखे जाए देत. एह सभा में खेती के बढ़ावा दिहला ला शरद पवार के बहुते बड़ाई करत पीएम मोदी कहलन कि खेती के नया जमाना वाला बनावे के आ एकरा के खूबे बढ़ावा देबे के जरूरत बा. कहलन कि पटवन खातिर पानी बटोर राखे के बेंवत बढ़ावल जाई आ एह काम ला मनरेगा के सहायता लिहल जाई.
- शनिचर का दिने भारत के नौसेना अपना ब्रह्मोस मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि. 290 किलोमीटर दूर ले मार करे वाला ई मिसाइल एही तरह के अमेरिकी टॉमहॉक मिसाइल से तीन गुना बेसी तेज बा. ब्रह्ममोस के पनडुब्बी, पोत, एयरक्राफ्ट भा जमीन पर से कतहीं से छोड़ल जा सकेला.
- यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के विदेश यात्रा पर एक करोड़ छह लाख रुपिया के खरचा का बारे में पूरा जानकारी देबे के माँग कइले बाड़े विरोधी दल. भाजपा के बोलतुआ विजय बहादुर पाठक के कहना बा कि जनता के जाने के अधिकार बा कि सरकार ओकर धन कइसे खरच करत बिया.
- बिहार भाजपा के विधायक दल के बइठक 18 फरवरी का दिने होखी आ ओह बइठक में माँझी सरकार के समर्थन करे भा ना करे का बारे में राय बनावल जाई.
- विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी सोमार का दिने सगरी राजनीतिक गोल के बइठक बोलवले बाड़न जवना में जदयू के विपक्षी गोल माने का बारे में रायविचार कइल जाई. भाजपा एह तरह के फैसला का विरोध में बिया.
- बिहार में होखे जात संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा में शामिल होखे वाला लोग अपना साथे तीन गो किताब ले के इम्तिहान में बइठ सकीहें बाकिर केहू किताब के अदला बदली दोसरा से ना कर पाई. किताब कवनो बोर्ड के टेक्स्ट बुक होखे के चाहीं. बाकिर कवनो तरह के नोट भा फोटोकापी ले जाए के इजाजत ना दिहल जाई.
- गुजरात में बनासकांठा जिला में साल 2002 में भइल दंगा दौरान देवदर तालुका के सेशान गाँव के मामिला में सत्तर गो आरोपियन के सुबूत का कमी का चलते अदालत रिहा कर दिहलसि. एह गांव में 14 लोग के हत्या क दिहल गइल रहुवे.
- बैंक से धोखाधड़ी करे का मामिला में डेक्क्न क्रोनिकल अखबार के प्रबंध निदेशक टी वैंकटरामी रेडडी आ उनुका भाई के सीबीआई टीम शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.
- ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस एगो फेरबदल करत केन्द्र में रेल मंत्री रह चुकल दिनेश त्रिवेदी के उपाध्यक्ष बना दिहलसि. बतावल जात बा कि ई कोशिश मुकुल राय के पाँख कतरे खातिर भइल बा. हालांकि कुछ दिन पहिले दिनेशो त्रिवेदी के पाला बदले के कयास लगावल जात रहु्वे.
- आई सी सी क्रिकेट विश्व कप के पहिला दिन भइल मैचन में न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया आपन आपन मैच जीत लिहले. पिछला बेर उपविजेता रहल श्रीलंका के टीम न्यूजीलैंड से आ इंगलैंड के टीम आस्ट्रेलिया से हार गइल. अतवार का दिने भारत पाकिस्तान के मुकाबला होखे वाला बा.
- श्रीलंका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरिसेना भारत के चार दिन के दौरा पर अतवार का दिने भारत चहुँपिहे. चुनाव जीतला का बाद उनकर ई पहिला विदेश यात्रा होखी.
- सारण जिला के राजेन्द्र महाविद्यालय में भइल नियोजन मेला में करीब डेढ़ हजार नवहियन के रोजगार मिलल बा.
- सिवान जिला के भगवानपुर हाट थाना के हिलसर गांव का लगे मोटर साईकिल पर आइल तीन गो बदमाश दू गो पंचायत सचिवन से चौवन हजार रूपिया लूट लिहले.
0 Comments