(अतवार, 15 फरवरी के खबर)
TatkaKhabar-15-Feb-15
क्रिकेट वर्ल्ड कप के आपन पहिलके मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 76 रन से हरा दिहलसि जवना का बाद देश भर में क्रिकेट प्रेमियन का संगही उहो लोग खुशी मनावे लागल जिनका क्रिकेट से बेसी एह पर धियान रहेला कि पाकिस्तान के हरावल जाव चाहे जवन मुकाबला होखे. दोसरा देश से होखत मैच में अइसन जज्बा देखे के ना मिले. भारत के बनावल 300 रन में विराट कोहली के शानदार 107 रन आ शिखर धवन अउर सुरेश रैना के जोरदार पचासन के योगदान रहल. गेंदबाजी में मोहम्मद शमी चार गो विकेट लिहलन त मोहित शर्मा आ उमेश यादव दू दू गो. भारत के एह विजयी शुरुआत पर राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री आपन बधाई भेजले बाड़े.
- अनकर धन पाईं त नौ मन लुटाईं का तर्ज पर पीएम मोदी आजु बिना नाम लिहले केजरीवाल के खिंचाई क दिहलन. कहलन कि कुछ राजनेता बिजली के उत्पादन ना करे वाला राज्यो में सस्ता भा फोकटिया बिजली देबे के वादा करत गैर जिम्मेदारी देखावत रहेले. पीएम मोदी आजु नई दिल्ली में बोलावल नवीकरणीय ऊर्जा वैश्विक निवेशक सम्मेलन के उद्घाटन करत रहलन.
- यूपी के चंदौली में मुगलसराय का लगे दुलहीपुर इलाका के भिसौड़ी गाँव में नया बनल एगो दू तल्ला मकान अचके में ढहि गइल आ ओकरा नीचे मकान मालिक समेत 13 लोग दबा के मर गइले. वाराणसी के कमरूल हसन आपन बनारस के मकान बेच के ई मकान बनवले रहले.
- बिहार में चलत राजनीतिक उठापटक का मामिला में भाजपा के कहना बा कि ई जदयू के आपन घरेलू मामिला ह जवना में ई लोग अपने टूटल बा आ दोसरा पर दोस लगावत बा. जदयू समेत ओकर संघतिया बनल राजद, कांग्रेस आ बँवारा गोलन के नेता आजु राज्यपाल पर जुबानी हमला कइलन. कहलन कि राज्यपाल राजनीतिक बयान देत बाड़े आ भाजपा के शह पर माँझी सरकार के लमहर मौका दे दिहले दोसरा गोलन में टूट फूट करावे खातिर. एह लोग के कहना बा कि माँझी सरकार अपना नया नया लोकलुभावन फैसला से बिहार के खजाना पर पचास हजार करोड़ के बोझा लाद दिहले बाड़न जवना से बाद में आवे वाला सरकार के भुगते के पड़ी.
- पाकिस्तान से बातचीत के शुरुआत भइला का बाद पाकिस्तान भारत के 172 गो मछुआरन के रिहा क दिहलसि. ई लोग मछली मारे का फेर में पाकिस्तान के जलसीमा में घुसला का बाद धराइल रहुवे.
- दुनिया के तेल बाजार में क्रूड के दाम बढ़ला का बाद अतवार अधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम में मामूली बढ़ोतरी कइल गइल बा. पिछला अगस्ता का बाद पहिला बेर दाम बढ़ावल गइल बा पेट्रोल के. दिल्ली में हर लीटर पेट्रोल पर 82 पइसा आ डीजल पर 61 पइसा बढ़ावल गइल बा. बाकी जगहा ओहिजा के टैक्स का चलते कुछ अलग बढ़ोतरी होखी. देखल जाला कि दाम बढ़ला पर पेट्रोल पंप पर तुरते लागू हो जाला बाकिर दाम घटेला त ओकरा के लागू करे में कहीं कहीं दू दिन ले पुरनके दाम पर पेट्रोल डीजल बेचल जाला आ रसीदो ना दिहल जाव कि केहू ओकर शिकायत कर सको.
- श्रीलंका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरिसेना चार दिन के भारत यात्रा पर आज नई दिल्ली पहुंचले. सोमार का दिने राष्ट्रपति भवन में उनकर रस्मी स्वागत कइल जाई. सिरिसेना भारत संगे दोस्ती पोढ़ करे के मनसा ले के आइल बाड़े.
- गोवा पुलिस माफिया सरगना दाउद इब्राहिम के एगो शूटर श्याम किशोर गरिकापट्टी के गिरफ्तार क लिहलसि. श्याम किशोर मुम्बई में साल 1993 के बम धमाका का मामिला में जेल के सजा भुगतत रहे आ पैरोल पर निकलला का बाद साल 2003 में फरार हो गइल रहुवे.
- कोयला नीलामी में अबले तीन गो कोयला खदान के नीलामी हो गइल बा. शनिचर का दिने जीएमआर 1375 करोड़ रुपिया में, रिलायन्स 798 करोड़ रुपिया में एक एक खदान लिहले त अतवार का दिने हिंडाल्को इंडस्ट्रीज 6800 करोड़ में झारखंड के कठुआतिया कोयला खदान ले लिहलसि.
- चीन पाकिस्तान में दुनिया भर में आपन सबले बड़का दूतावास खोलले बावे जवन एह दुनू देशन का बीच के संबंधन के गहराई देखावत बा.
- कैलाश मानसरोवर जाए खातिर खोलाइल नाथूला दर्रा वाला रास्ता से पचास गो तीर्थयात्रियन के पहिलका जत्था 21 जून के भेजल जाई. एकरा खातिर आनलाइन आवेदन के काम 22 फरवरी से शुरू होखे जात बा.
- यूपी में मेडिकल कचरा निकासी पर नजर राखे खातिर जिलाधिकारियन के अध्यक्षता में दस सदस्यन के समिति बनावल जाई. हर पैथोलाजी केन्द्र आ महीना में एक हजार से अधिका रोगी देखे वाला डॉक्टरन के प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड में आ संगही संगे मेडिकल कचरा निस्तारण संस्था में पंजीकरण करावे के होखी.
- उत्तर प्रदेश के टीम हीरो हॉकी इण्डिया लीग के सेमीफाइनल में पँहुच गइल बिया. अतवार का दिने ई मुंबई टीम के दू का बदले तीन गोल मार के हरा दिहलसि. अपना नौ गो मैच में से पाँच गो में यूपी विजार्ड्स टीम के जीत मिलल बा.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अतवार का दिने दिल्ली खातिर रवाना हो गइलन जहाँ ऊ राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी से मिल के आपन बात बतइहें. दिल्ली में उनकर भाजपा नेतो लोग से भेंट होखे वाला बा. एह चलते सोमार के होखे वाला जनता दरबार टार दिहल गइल बा. मुख्यमंत्री मंगल का दिन लवटिहें.
- जम्मू-कश्मीर में पीडीपी-भाजपा के सरकार बने का राह में फेर कुछ पेंच आ गइल बा. कुछ अइसन मुद्दा बाड़ी सँ जवना पर कवनो गोल अपना राह से हटे ला तइयार नइखे.
- कांग्रेस के बयानबीर नेता दिग्विजय सिंह के कहना बा कि केजरीवाल संघ के काग्रेस मुक्त भारत योजना के हिस्सा हउवन. कहलन कि केजरीवाल कबो वैचारिक बात ना कहस आ उनुका गोल से निकलल लोग सीधे भाजपा में जाला काहे कि दुनू का बीच वैचारिक समानता बा. केजरीवाल कबो कवनो सांप्रदायिक मुद्दा पर ना बोलसु आ भ्रष्टाचार विरोधी अभियान चला के कांग्रेस के कबाड़ा क दिहलन.
- राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत अतवार का दिने कहलन कि संघ के काम ह देश आ देशवासियन के एकजुट राखत देश आ समाज के भलाई खातिर काम कइल. कहलन कि समय आ गइल बा जब संघ के विस्तार गाँव गली तक कइल जाव.
- पश्चिम चम्पारण के बगहा पुलिस जिला के धनहा थानाध्यक्ष सुनील कुमार के घूस लेबे का आरोप में निलंबित कर दिहल गइल बा.
- रोहतास जिले में पुलिस एगो विशेष अभियान चला के 51 गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. ।
- सारण जिला के चनचौरा का लगे सड़क हादसा में एगो बच्चा के मौत का बाद नाराज लोग घंटन ले छपरा मढौरा रोड के जाम क के राख दिहल.
0 Comments