Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार 25 सितम्बर)
देश

  • केरल के मौजूदा विधानसभा के दुसरका सत्र सोमार से शुरू होखे जा रहल बा. एह सत्र के हंगामेदार होखे के उमेद बा. एहिजा सत्ता पक्ष आ विपक्ष में बस चार सीट के फरक बा.
  • गुवाहाटी उच्च न्यायालय मेडिकल दाखिला में अनुसूचित जाति आ जनजातियन के छात्रन खातिर कम से कम पैंतालीस फीसदी अंक हासिल कइला के शर्त के अतार्किक बतावत खाली सीट पर एक हफ्ता का भीतर दाखिला देबे के कहले बा.
  • ओडिशा के बाढ़ग्रस्त इलाकन में राहत कार्य तेज कर दिहल गइल बा. बाढ़ से अबले सतरह लोग मर चुकल बा.
  • 2जी घोटाला मामिला में चिदम्बरम के नाम अइला का बाद के हालात पर आजु प्रधानमंत्री आ प्रणब मुखर्जी का बीच न्यूयार्क में बइठक भइल.
  • तेलंगाना क्षेत्र में रेल रोको आंदोलन खतम हो गइल बाकिर परिवहन सेवा के हड़ताल से आ५ल गइल मुश्किल भइल.
  • पश्चिम बंगाल के भवानीपुर आ बसीरहाट के उपचुनाव में 50 फीसदी मतदान भइल. भवानीपुर से ममता चुनाव लड़त बाड़ी.
  • अजमेर जायेवाली रेलगाड़ी के छत पर सवार 5 गो आदमी के एगो पुल से टकरइला से मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
  • दिल्ली मेट्रो के दुनिया मे ग्रीनहाउस गैस उत्सर्जन कम करे वाला पहिला मेट्रो बतवेल बावे संयुक्त राष्ट्र.
  • सोमार का दिने 79 बरीस के हो जइहें मनमोहन सिंह. उनकर जन्म दिन या त विदेशे में बीती भा हवाई जहाज में बाकिर देश के राजनीतिक हालात का बीच अपना जन्मदिन के शायदे कवनो अहमियत दे पइहें प्रधानमंत्री.
  • नरेन्द्र मोदी आरोपलगवले बाड़न कि कांग्रेस राज्यपाल का रास्ते गुजरात में समानांतर सरकार चलावल चाहत बिया.
  • आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत के कहना बा कि केंद्र सरकार में बाहरी आ भितरी खतरन से निपटे के इच्छाशक्ति नइखे. ऊ साम्प्रदायिकत हिंसा रोके का नाम पर ले आइल विधायक के देश खातिर खतरनाक बतवले.
  • मध्य प्रदेश के खंडवा में इंटरनेट के मदद से बम बनावत गिरोह के पांच सदस्यन के पुलिस बम बनावे वाला सामान का साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के केंद्र सरकार के सबले भ्रष्ट मंत्री बतावत उनुका के जेल भेजे के कहले बाड़न.
  • मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन प्रमुख सांसद असादुद्दीन ओवैसी केंद्र सरकार से मुसलमानन खातिर आरक्षण देबे के कदम तुरते उठावे के कहले बाड़न.
  • हिमाचल प्रदेश का मनाली में एगो गेस्ट हाउस में टिकल एगो ब्रिटिश नागरिक के मौत ढेरे शराब पियला से हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के दमोह संसदीय क्षेत्र सांसद रहल उद्योगपति डालचंद्र जैन के अतवार का दिने सागर में निधन हो गइल. ऊ 83 साल के रहन आ एने ढेर दिन से बेमार रहले.
  • दिल्ली सरकार निजी स्कूलन के बहुते बेसी फीस वसूले के शिकायतन के जांच खातिर एगो समिति बनवले बिया.
  • छत्तीसगढ़ में लगभग 10,000 कर एगो जाल में फँसल बाघिन के लाठी-डंडों आ पत्थरन से पीट-पीटके मुआ दिहले.
  • आईआईटी खड़गपुर में भूगर्भ विज्ञान आ भूभौतिकी के प्रोफेसर एस.के. नाथ के कहना बा कि सिक्किम में अगिला कुछ साल ले दोसर बड़हन भूकंप अइला के अनेसा नइखे काहे कि पिछला अतवार के आइल भूकंप में बहुते उर्जा निकल चुकल बा.
  • हम अपना सगरी मंत्रियन के बचाव करीले. कहले प्रधानमंत्री.
  • कर्नाटक के एगो अदालत एच.डी. देवेगौड़ा के बड़का बेटा के सम्पत्ति के जांच के आदेश देके प्रधानमंत्री रहल देवगौड़ा के मुश्किल बढ़ा दिहले बावे. उनुका एगो बेटा आ पतोहु पर पहिलही से मुकदमा चलत बा.

दुनिया के खबर

  • नेपाल में काठमांडू का लगे एगो छोटहन यात्री विमान के गिर गइला से ओह पर सवार सगरी 19 लोग के मौत हो गइल. एहमें दस जने भारत से रहले.
  • पाकिस्तान में अबकी का बाढ़ से 412 मरल बा आ बयासी लाख लोग पर असर पड़ल बा.
  • सऊदी अरब में औरतन के मतदान करे आ नगरपालिका चुनाव लड़े के अधिकार ओहिजा के सुल्तान अब्दुल्लाह दे दिहले.
  • अमेरिका के आरोप से तिलमिलाइल पाकिस्तान अपना विदेश मंत्री हिना रब्बानी खार के वाशिंगटन से वापस बोला लिहले बावे. अमेरिका के कहना बा कि पाकिस्तान के आईएसआई आ आतंकवादी संगठन हक्कानी नेटवर्क में साँठगाँठ बा.
  • राजनीतिक विश्लेषकन के लागत बा कि दलाई लामा छह सौ साल पुरान परंपरा तूड़ देबे के तरीका खोजत बाड़न जवना में नया दलाई लामा पुनर्जन्म से चुनल जाला.
  • यमन के राजधानी सना में अतवार का दिने फेर हिंसा भड़क गइल बा.
  • लीबिया के सत्ता से बेदखल मुअम्मार गद्दाफी के गढ़ सिरते में दाखिल हो चुकल विद्रोही कड़ा प्रतिरोध का चलते पीछे हट गइल बाड़े.
  • सैन डिएगो में एगो बिलाई के लम्बाई कुल छह इंच बा आ ओकरा के दुनिया के सबले छोट बिलाई का तरह गिनीज रिकॉर्ड में दर्ज कइल गइल बा.
  • इराक के करबला शहर में अतवार के भइल सिलसिलेवार बम धमाकन में नौ लोग के मौत हो गइल आ 90 से अधिका लोग घाहिल हो गइले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत से 50 गो रेल इंजन पाकिस्तान भाड़ा पर ली.
  • पिछला हफ्ता शेयर बाजार में विदेशी निवेशक 22.39 करोड़ डॉलर के शेयर के बिकवाली कइले जवना चलते बाजार बेहिसाब टूट गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अंतर्राष्ट्रीय ख्याति प्राप्त सेलिब्रेटी पेरिस हिल्टन अपना तीन दिन का दौरा पर मुम्बई में बाड़ी बाकिर बॉलीवुड उनुकर अनदेखी कर दिहले लागत बा.
  • बॉलीवुड अभिनेता अनिल कपूर आ फिल्म निर्देशक बोनी कपूर के पिता निर्माता सुरिंदर कपूर के अंतिम संस्कार अतवार का दिने विले पार्ले मसान घाट पर कइल गइल. उनुकर निधन काल्हु शनिचर के हो गइल रहे.
  • अभिनेता शाहिद कपूर ‘इश्क विश्क’ से ‘मौसम’ तक के अपना 10 साल के फिल्मी सफर में गम्भीर अभिनेता बन गइल बाड़े.

खेल के खबर

  • अतवार का दिने चैम्पियंस लीग के मैच में इंग्लिश काउंटी क्लब समरसेट आईपीएल फ्रेंचाइजी कोलकाता नाइट राइडर्स टीम के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • आईपीएल के देखा देखी अब भारतीय कुश्ती महासंघ ओही तरह के इंडियन कुश्ती लीग के शुरुआत करे जा रहल बा.
  • तुर्की का इस्तांबुल में चलत विश्व कप तीरंदाजी में भारत के दीपिका कुमारी के को रजत पदक से संतोष करे के पड़ल. ऊ चीन के चेंग मिंग से हार गइली.
  • चैम्पियंस लीग में दक्षिण अफ्रीका के वॉरियर्स टीम ग्रुप-बी मुकाबला में साउथ आस्ट्रेलिया के रेडबैक्स टीम के 50 रन से हराके लगातार दुसरका जीत हासिल कर लिहलसि.
  • एशिया कप (अंडर-18)हॉकी मैच में भारतीय महिला टीम के कांस्य पदक मिलल बा.
  • शनिचर का दिने चैम्पियंस लीग के मैच में मुम्बई इंडियंस सुपर किंग्स के हरा दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *