देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 30 सितम्बर)
देश

  • राजस्थान के उदयपुर के एगो विश्वविद्यालय में रैगिंग करे का आरोप में शुक का दिने पांच गो छात्रन का खिलाफ आपराधिक मामला दर्ज कइल गइल बा. एह लोग का रैगिंग से एगो लड़िका डिप्रेशन के शिकार हो गइल बा.
  • तीस्ता नदी जल विवाद सलटावे खातिर भारत आ बांग्लादेश का बीच तीस्ता में जल उपलब्धता पर दुनु देश का बीच आंकड़ा लिहल दिहल जाई.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय साल 2009 में देखावल गइल रियलिटी शो ‘सच का सामना’ के दू गो विवादित कड़ियन खातिर स्टार प्लस चैनल के सूचना अउर प्रसारण मंत्रालय का ओर से जारी कारण बताओ नोटिस के बरकरार रखलसि.
  • तेलंगाना राज्य खातिर चलत हड़ताल अठरहवों दिने जारी रहल. कांग्रेस आ सरकार अब हरकत में आईल लागत बिया.केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम जल्दिये सर्वदलीय बईठका बोलावे के संकेत दिहले बाड़न.
  • भाजपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी का बईठका में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी, कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रहल निशंक शामिल ना भइले. एह बाति से भाजपा में अंतर्कलह के चरचा जोर पकड़त देख भाजपा सफाई दिहलसि कि मोदी नवरात का उपास का चलते ना अइलन त येदियुरप्पा अपना दिवंगत पत्नी के पूजा का चलते. निशंक का बारे में कुछ ना कहल गइल. बतावल जात बा कि नरेन्द्र मोदी एहसे नाराज बाड़न कि संजयजोशी के काहे बोलावल गइल बा आ आडवाणी के रथयात्रा नीतीश कुमार काहे शुरू करावत बाड़न. एह सब का बीच कुछ लोग मोदी के प्रधानमंत्री पद के सबले बढ़िया दावेदार बतावल त भाजपा उपाध्यक्ष विनय कटियार के कहना रहल कि नरेंद्र मोदी अपना राज्य पर ध्यान देसु.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय चुनाव आयोग के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ झारखण्ड के मुख्यमंत्री रहल मधु कोड़ा के गलत बयानी के जाँच कर सकेले. ई लोग चुनाव आयोग के अधिकार के चुनौती दिहले रहुवे.
  • मध्यप्रदेश का शिवपुरी जिला में कांग्रेसी महिला मंच के प्रदर्शन पर काबू पावे खातिर पुलिस के लाठीचार्ज करे के पड़ल. कांग्रेस आरोप लगवले बिया कि मेहरारूवन का साथ अभद्रता से पेश आइल पुलिस.
  • सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने दिल्ली पुलिस के निर्देश दिहलसि कि बाबा रामदेव के समर्थक राजबाला के पोस्टमार्टम रिपोर्ट उनुका परिवार वालन के दिहल जाव.
  • दिल्ली-मुम्बई बम विस्फोटों में अबही ले केहू पर संदेह नइखे कइल जात ना ही केहू के आरोपी बनावल गइल बा. ई बाति देश के काबिल गृहमंत्री चिदम्बरम काल्हु बतवले.
  • भाजपा निहोरा करे त आडवाणी के रथ यात्रा के सुरक्षा देबे पर विचार करीहें गृहमंत्री चिदम्बरम.
  • गुजरात के निलंबित पुलिस अधिकारी संजीव भट्ट के काल्हु एगो पुलिस वाला के धमकावे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • स्थानिय पुलिस अधिकारी पर आरोप लगावे वाला आदमी के पूछताछ खातिर बोला के हिरासत में मार डाले के आरोप लगावल गइल बा जवना के न्यायायिक जाँच के आदेश जम्मू काश्मीर सरकार दे दिहलसि.
  • लोक सभा स्पीकर वोट खातिर नोट मामिला में भाजपा सांसद अशोक अर्गल पर मामिला दर्ज करे के अनुमति दे दिहले बाड़ी.
  • कर्नाटक के मंत्री रहल आ अवैध खनन का आरोप में गिरफ्तार जनार्दन रेड्डी के जमानत याचिका फेर खारिज हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के टीकमगढ़ जिला में शुक का दिने दिवाली खातिर राखल विस्फोटक आतिशबाजी के भंडार में आग लगला से भइल विस्फोट में सात लोग के मौत हो गइल बा आ चार जने घवाहिल बाड़े.
  • माकपा चिदम्बरम के इस्तीफा के माँग कइले बिया.
  • भारत काल्हु सतह से सतह पर मार करे वाली आ परमाणु हथियार ले जाये में सक्षम अग्नि-2 मिसाइल के ओडिशा में एगो सैन्य ठिकाना से सफल परीक्षण कइलसि. ई मिसाईल 2,000 किलोमीटर ले निशाना मार सकेले.
  • मैगसेसे विजेता नीलिमा मिश्रा के अमेरिका के वीजा ना मिल पावल. एकर कवनो कारणो नइखे बतावल गइल.
  • अगिला हफ्ता रूस जइहें रक्षा मंत्री ए के एंटनी.
  • मप्र के जूनियर डॉक्टर बुध से हडताल पर बाड़न. ई लोग एगो पुरुष नर्स आ डाक्टर के मारपीट का मामिला में डाक्टर के गिरफ्तारी के विरोध करत बा.
  • बलात्कार पीड़ितन के नाम लिहला खातिर जम्मू काश्मीर के मुख्य मंत्री उमर उमर माफी मँगले. कहले आइन्दा अइसन गलती ना होखी.
  • भारत के परमाणु दायित्व कानून पर चिंता जाहिर करत अमेरिका कहले बा कि भारत अंतर्राष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी से बतिया के ई सुनिश्चित करे कि ओकर कानून पूरक मुआवजे से सम्बद्ध समझौता का हिसाब से बा कि ना.
  • शनिचर का दिन से हावड़ा आ धनबाद का बीच सुपरफास्ट दुमंजिला ट्रेन के परिचालन शुरु हो जाई.

दुनिया के खबर

  • रूस बियफे का दिने अपना अंतरमहाद्वीपीय बैलिस्टिक मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि.
  • लीबिया के सत्ता से बेदखल मुअम्मार गद्दाफी के प्रवक्ता इब्राहिम के पकड़ लिहल गइल जब ऊ मेहरारूवन के कपड़ा पहिरले देश से भागत रहले.
  • पाकिस्तान में 48 गो भारतीय मछुआरन के ओकरा जलसीमा में घुसे के आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • अमेरिका एगो ईरानी पादरी के मृत्युदंड के निंदा कइले बा. पादरी के एह खातिर मृत्युदण्ड दिहल गइल बा कि ऊ मुसलमान बने के तईयार ना भइल.
  • अमेरिका चेतवले बा कि ऊ आतंकवादी संगठनन का खिलाफ कार्रवाई कर सकेला जइसे लादेन का खिलाफ कइल गइल रहे.
  • पाकिस्तान में अमेरिकी ड्रोन हमला से कम से कम तीन गो आतंकियन के मौत हो गइल.
  • अफगानिस्तान के पुनर्निर्माण खातिर भारत अपना के प्रतिबद्ध बतवले बा.
  • फिलीपींस में आइल विनाशकारी तूफान में मरे वालन के गिनिती बढ़ के 43 हो गइल बा. 30 लोग अबहियो लापता बाड़े.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • दिल्ली में सीएनजी के दाम में 2.30 रुपिया के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा.
  • ह्युंडई के नयका मॉडल इओन के बुकिंग पहली अक्टूबर से शुरू हो जाई.
  • सरकारी कंपनी एनटीपीसी 3133 करोड़ रुपिया के लाभांश के भुगतान कइलसि.
  • शुक का दिने बिकवाली का दबाव से सेंसेक्स 244 अंक गिरल.
  • संसद के अगिला सत्र में खनन विधेयक पेश कइल जाई.
  • सर्वोच्च न्यायालय पहिले से तइयार 1000 टन इंडोसल्फान के निर्यात के अनुमति दे दिहलसि.
  • रिलायंस कैपिटल अपना जीवन बीमा शाखा के हिस्सेदारी जापानी कम्पनी निप्पन लाइफ के बेचे के प्रक्रिया जल्दिये पूरा कर ली.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पद्मश्री पुरस्कार पा चुकल मशहूर नृत्यांगना-गायिका-अभिनेत्री रीता गांगुली का दिल्ली स्थित घर में सोमार का दिने चोरी हो गइल जवना में चोर स्वर्गीय इंदिरा गांधी से मिलल स्मृति चिह्न् समेत अनेके यादगार चीज उठा ले गइले.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी 20 साल बाद सिनेमाघर जाके कवनो फिलिम देखली. काल्हु ऊ बांग्ला फिल्म ‘मोनेर मानुष’ देखे सिनेमाघर गइली.
  • पश्चिम बंगाल सरकार बहुते पुरान टैक्नीशियंस स्टूडियो के आधुनिकीकरण आ मरम्मत खातिर 18 करोड़ रुपिया के परियोजना शुरू कइलसि. प्रख्यात फिल्मकार सत्यजीत रे के फिल्म ‘पाथेर पांचाली’ के कुछ दृश्य एही स्टूडियो में फिल्मावल गइल रहे.
  • फिल्मकार रूमा जाफरी के राजनीतिक व्यंग्य वाली फिल्म ‘गली गली में शोर है’ के शूटिंग पिछला हफ्ता भोपाल में टार दिहल गइल काहे कि मुख्य अभिनेता अक्षय खन्ना के पीठ में चोट लाग गइल रहे.
  • बॉलीवुड अभिनेता कुणाल कपूर सिक्किम भूकम्प पीड़ितन के मदद खातिर कोष इकट्ठा करे के फुटबॉल खिलाड़ी बाईचुंग भूटिया के प्रयास में शमिल हो गइल बाड़े.

खेल के खबर

  • अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ भारत के लंदन ओलम्पिक में हिस्सा लेबे पर रोक लगावे के आमकी दिहले बा. एकरा के ध्यान में राखत भारतीय ओलम्पिक संघ देश में अपने में लड़त हॉकी के दुनु संगठन, हॉकी इंडिया आ भारतीय हॉकी महासंघ, के बइठक मंगल के बोलवले बा,
  • चैंम्पियंस लीग : बारिश की वजह से नहीं शुरू हुई कोबराज की पारी
  • पैन पैसिफिक ओपन का खिताबी मुकाबला में रूसी टेनिस खिलाड़ी वेरा ज्वोनारेवा आ पोलैंड के एगनेस्का रडवांस्का का बीच मैच होई.
  • राष्ट्रमंडल खेल में स्वर्ण पदक विजेता भारत के मनोज कुमार अजरबैजान के बाकू में चलत विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप के दुसरका दौर में चहुँप गइल बाड़े.
  • भारतीय टेनिस स्टार सानिया मिर्जा आ उनुकर पाकिस्तानी शौहर क्रिकेट खिलाड़ी शोएब मलिक बियफे का दिने पाकिस्तानी राष्ट्रपति जरदारी से भेंट कर के बाढ़ पीड़ितन खातिर प्रदर्शनी मैच खेलके धन जुटावे के भरोसा दिहले.

0 Comments

Submit a Comment