Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 30 अक्टूबर)
देश

  • बेंगलुरू में भाषण देत लालकृष्ण आडवाणी संप्रग पर बरिसलन त बरखा सुने वाला लोग पर. बाकिर भाषण सुने आइल भीड़ बरखा में भींजत भाषण सुनलसि.
  • कांग्रेस के महाबोलता महासचिव दिग्विजय सिंह फेर अतवार का दिने अन्ना पर वाक् प्रहार करत कहलन कि अन्ना के चाहीं कि संसद के सम्मान करसु. दिग्गी अचरज जतवलन कि अन्ना संघ के आभार काहे नइखन मानत. अन्ना का बदला बाबा रामदेव एह मामिला में बेसी इमानदार बाड़े कि मान लिहलन कि उनुका आंदोलन के समर्थन में संघ आगे आइल त ऊ एह मामिला में का करतें.
  • टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल अतवार का दिने कहले कि ऊ अपना हित मित से करजा ले के भारतीय राजस्व सेवा के बकाया चुका दीहें.
  • पंजाब सरकार चिकित्सकन के विज्ञापन देबे पर प्रतिबंध लगावे के फैसला कइले बिया. अतवार का दिने पंजाब में एलोपैथिक, आयुर्वेदिक आ होम्योपैथिक चिकित्सकन पर यौन समस्या समेत कवनो रोग के इलाज खातिर दिहल जाये वाला विज्ञापनन पर प्रतिबंध लगा दिहल गइल.
  • मप्र में चिकित्सक के संगठन किरिया खइले कि ऊ लोग अवैधानिक लिंग परीक्षण ना करी.
  • टीम अन्ना अतवार का दिने कहलसि कि ऊ एकजुट बा आ ओह लोग में कवनो आपसी मतभेद नइखे. ई त कांग्रेस बिया जे अपना दुष्परचार अभियान से ओह लोग के अपने में लड़ावे का फेर में बिया.
  • दिल्ली में आठ गो सांसद रहल लोग बा जे अबहियो सरकारी आवास में जमल बा. एह लोगन में जगदीश टाइटलर आ अजय सिंह चौटाला के नाम खास बा.
  • भारतीय राजनयिक कमलेश शर्मा के फेर चाल साल खातिर राष्ट्रमंडल के महासचिव बना दिहल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश का टीकमगढ़ जिला में प्रेमी युगल के फाँसी पर लटकल लाश मिलल बा जवना में लड़िका के देह पर चोट के निशान से मामिला संदिग्ध बन गइल बा. पुलिस जाँच में लागल बिया.
  • आंध्र प्रदेश के तीन गो कांग्रेसी विधायक तेलंगाना राज्य का समर्थन में अतवार का दिने पार्टी से इस्तीफा दे के तेलंगाना राष्ट्र समिति में शामिल होखे के फैसला लिहले.
  • वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार आ बाद में स्वास्थ्य का आधार पर जमानत मिलला का बाद लोकमंच नेता अमर सिंह आजु दिल्ली के एम्स से छूट्टी मिलला का बाद लोधी एस्टेट में अपना घरे आ गइलन.
  • अरुणाचल प्रदेश में कामेंग नदी पर शनिचर का दिने भइल हादसा में तीन गौ अउर लाश बरामद भइल बा. चौदह लोग अबहियो लापता बतावल जात बा. कम से कम 58 लोग के बाहर निकाल लिहल गइल बा जवना में 30 लोग घवाहिल बा.
  • नक्सलियन के ममता पर भरोसा नइखे रहि गइल एहसे शांति प्रक्रिया शुरू करे से पहिले सरकार से लिखित वादा करे के कहले बाड़न सँ.
  • शनिचर का दिने सिक्किम में कम तीव्रता के भूकम्प आइल जवना से कवनो नुकसान के खबर नइखे.
  • शनिचर का दिने टीम अन्ना के कोर समिति फैसला कइलसि कि ऊ अपना के भंग ना करी.
  • हाई बल्ड प्रेशर आ पीठ दर्द का चलते अन्ना हजारे के एक हफ्ता पूरा आराम करे के सलाह दिहल गइल बा.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय केंद्र सरकार के कर्मचारी रहल एगो आदमी से कहलसि कि चूंकि ऊ अपना परित्यक्ता पत्नी आ बेटी के मासिक गुजारा भत्ता ना दिहलसि, एहसे ओकरा अपा रिटायरमेंट लाभ में से ओह लोग के बखरा देबे के पड़ी.
  • जी-20 सम्मेलन में शामिल होखे खातिर बुध का दिने प्रधानमंत्री कांस जइहें.
  • शुक का दिने अरुणाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री जारबोम गामलिन के इस्तीफा दे दिहला का बाद नया नेता के नाम सोनिया गाँधी तय करीहें.
  • भाजपा नेता लाकृष्ण आडवाणी जम्मू काश्मीर से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे के विरोध कइले बाड़े.

दुनिया के खबर

  • तिब्बती आध्यात्मिक गुरु दलाई लामा चीन सरकार के ताना मारत कहले बाड़न कि तिब्बती परंपरा पर सवाल उठावे का बजाय ओकरा अपना नेता माओ जेडोंग आ डेंग जियाओपिंग के अवतार तलाशे का बारे में सोचे के चाहीं.
  • पर्थ में भइल राष्ट्रमंडल देशन के शासनाध्यक्षन के सम्मेलन के आखिरी दिन अतवार के संयुक्त राष्ट्र में अंतर्राष्ट्रीय आतंकवाद पर व्यापक संधि के बतकही के नतीजा तक चहुँपावे के प्रयास तेज करे के गोहार लगावल गइल.
  • ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन कहले बाड़न कि ब्रिटिश ध्वज वाला जहाजी बेड़ा सोमाइली लुटेरन से बचाव खातिर अपना साथे हथियारबंद सुरक्षाकर्मीओ ले जा सकेलें.
  • थाईलैंड बाढ़ में 381लोग के मरला के पुष्टि हो गइल बा.
  • आस्ट्रेलियाई विमानन कम्पनी क्वोंटास अपना हवाई जहाजन के खड़ा कर देबे के अचानक कइल फैसला से पर्थ में राष्ट्रमंडल देशन के 17 शासनाध्यक्षन, अनेके प्रतिनिधियन आ मीडियाकर्मियन के अपना यात्रा खातिर दोसर व्यवस्था करे के पड़ल बा.
  • पर्थ गइल उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी के ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री जूलिया गिलार्ड का साथ होखे वाल बईठक रद्द कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के धमकी मिलला का बाद उनुकर समर्थक कई जगहा पाकिस्तान मुस्लिम लीग (नवाज) के कार्यालयन पर शनिचर रात हमला बोल दिहले.
  • चीन में एगो अभियान चला के नशा के सौदागरन के इंटरनेट पर नशा बेचे का आरोप में बारह हजार से अधिका लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • विश्व बैंक बांग्लादेश के बहुते गरीब इलाकन में 10,800 गरीब आ कमजोर औरतन के आर्थिक रूप से सशक्त बनावे वाली एगो परियोजना खातिर 2.9 करोड़ डॉलर के करजा मंजूर कइले बा.
  • अफगानिस्तान में 3 गो आस्ट्रेलियाई सैनिकन के हत्या कर दिहल गइल बा.
  • ईरान सेंट्रल बैंक के उप प्रमुख हामिद पोरमोहम्मदी के 2.6 अरब डॉलर के गबन का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • दक्षिणी गाजा पट्टी के शहर राफा में इजरायल शनिचर रात हवाई हमला कर के दू गो फिलीस्तीनी आतंकवादियन के मार गिरवलसि.
  • शनिचर का दिने अफगानिस्तान में दू गो आतंकवादी हमला में एक ही दिन में 16 गो विदेशी सैनिकन समेत 21 लोग के मौत हो गइल.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री आ मुस्लिम लीग-नवाज (पीएमएल-एन) के नेता शाहबाज शरीफ राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के चेतवले बाड़न कि इस्तीफा देके देश के लूटल सम्पत्ति वापिस करसु भा ओकर परिणाम भुगते खातिर तइयार रहसु.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में अस्थायी सदस्यता दिलावे में भारत के बड़हन भूमिका खातिर पाकिस्तान धन्यवाद दिहलसि.
  • शनिचर का दिने पाकिस्तान 700 किलोमीटर दूरी ले करे वाला क्रूज मिसाइल हत्फ-सात (बाबर) के सफल परीक्षण कइलसि.
  • गद्दाफी के बेटा अपना के बेगुनाह बतवलसि आ कहलसि कि ऊ कवनो अपराध नइखे कइले.
  • शुक का दिने पेरू में भूकम्प के झटका महसूस कइल गइल.
  • ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन कहले बाड़न कि ब्रिटिश ध्वज वाला जहाजी बेड़ा सोमाइली लुटेरन से बचाव खातिर अपना साथे हथियारबंद सुरक्षाकर्मीओ ले जा सकेलें.
  • थाईलैंड बाढ़ में 381लोग के मरला के पुष्टि हो गइल बा.
  • आस्ट्रेलियाई विमानन कम्पनी क्वोंटास अपना हवाई जहाजन के खड़ा कर देबे के अचानक कइल फैसला से पर्थ में राष्ट्रमंडल देशन के 17 शासनाध्यक्षन, अनेके प्रतिनिधियन आ मीडियाकर्मियन के अपना यात्रा खातिर दोसर व्यवस्था करे के पड़ल बा.
  • पर्थ गइल उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी के ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री जूलिया गिलार्ड का साथ होखे वाल बईठक रद्द कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के धमकी मिलला का बाद उनुकर समर्थक कई जगहा पाकिस्तान मुस्लिम लीग (नवाज) के कार्यालयन पर शनिचर रात हमला बोल दिहले.
  • चीन में एगो अभियान चला के नशा के सौदागरन के इंटरनेट पर नशा बेचे का आरोप में बारह हजार से अधिका लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • विश्व बैंक बांग्लादेश के बहुते गरीब इलाकन में 10,800 गरीब आ कमजोर औरतन के आर्थिक रूप से सशक्त बनावे वाली एगो परियोजना खातिर 2.9 करोड़ डॉलर के करजा मंजूर कइले बा.
  • अफगानिस्तान में 3 गो आस्ट्रेलियाई सैनिकन के हत्या कर दिहल गइल बा.
  • ईरान सेंट्रल बैंक के उप प्रमुख हामिद पोरमोहम्मदी के 2.6 अरब डॉलर के गबन का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • दक्षिणी गाजा पट्टी के शहर राफा में इजरायल शनिचर रात हवाई हमला कर के दू गो फिलीस्तीनी आतंकवादियन के मार गिरवलसि.
  • शनिचर का दिने अफगानिस्तान में दू गो आतंकवादी हमला में एक ही दिन में 16 गो विदेशी सैनिकन समेत 21 लोग के मौत हो गइल.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री आ मुस्लिम लीग-नवाज (पीएमएल-एन) के नेता शाहबाज शरीफ राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के चेतवले बाड़न कि इस्तीफा देके देश के लूटल सम्पत्ति वापिस करसु भा ओकर परिणाम भुगते खातिर तइयार रहसु.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में अस्थायी सदस्यता दिलावे में भारत के बड़हन भूमिका खातिर पाकिस्तान धन्यवाद दिहलसि.
  • शनिचर का दिने पाकिस्तान 700 किलोमीटर दूरी ले करे वाला क्रूज मिसाइल हत्फ-सात (बाबर) के सफल परीक्षण कइलसि.
  • गद्दाफी के बेटा अपना के बेगुनाह बतवलसि आ कहलसि कि ऊ कवनो अपराध नइखे कइले.
  • शुक का दिने पेरू में भूकम्प के झटका महसूस कइल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • ए राजा के फेर से दूरसंचार मंत्री बनवावे खातिर जबरदस्त लॉबिंग करे वाली नीरा राडिया अपना लॉबिंग फर्म वैष्णवी आ न्यूकॉम के बंद कर दिहली. (बजलऽ ए शंख बाकिर बाबा जी के पदा के )
  • केंद्रीय खाद्य मंत्री के.वी. थॉमस अतवार का दिने कहलन कि दूध, सब्जी, मांस आ पोल्ट्री के उत्पादन बढ़वले से खाद्य महंगाई पर लगाम लाग सकी. कहलन कि लोग एह सब के बेसी इस्तेमाल करे लागल बा जवना से महँगाई बढ़त बा.
  • त्रिपुरा में पूर्वोत्तर क्षेत्र के पहिला कपड़ा उद्यान खोलल जाई.
  • निर्बाध विद्युत आपूर्ति सुनिश्चित करावे खातिर भारतीय उद्योग परिसंघ (सीआईआई) के कहना बा कि उपभोक्ता के सीधे उत्पादक से बिजली खरीदे के अनुमति दिहल जाव.
  • आंध्र प्रदेश सरकार शनिचर का दिने कुरनूल जिला में सीमेंट कारखाना लगावे खातिर प्रिज्म सीमेंट लिमिटेड के 1,000 एकड़ भूमि आवंटित करे के फैसला कइलसि.
  • पश्चिम बंगाल सरकार पश्चिमी मिदनापुर के सालबोनी में एक करोड़ टन क्षमता के इस्पात कारखाना लगावे में जेएसडब्ल्यू स्टील लिमिटेड के मदद करी.
  • सरकारी कंपनी भारत इलेक्ट्रोनिक्स लिमिटेड कारोबारी साल 2010-11 खातिर सरकार के 156 फीसदी लाभांश दिहलसि. एह कम्पनी के रक्षा क्षेत्र के नवरत्न कम्पनी में मानल जाला.
  • इंडियन ओवरसीज बैंक के तिमाही शुद्ध लाभ 207.46 करोड़ रुपिया दर्ज भइल बा.
  • मारुति सुजुकी आपन कारखाना लगावे खातिर गुजरात में जमीन खरीदे के फैसला शनिचर के लिहलसि.
  • मारुति सुजुकी के तिमाही शुद्ध लाभ 59.81 फीसदी घट गइल.
  • विदेशी पूंजी भंडार में 21 अक्टूबर के खतम भइल हफ्ता में 85.8 करोड़ डॉलर के बढ़ती आइल आ कोष 318.36 अरब डॉलर हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • गुड़गांव में रॉक बैंड मेटालिका का शो रद्द होखला का बाद जिला प्रशासन इंडियन बैंक से आयोजकन के बैंक खाता जब्त करे के कहले बा.
  • लंदन के मैडम तुसाद संग्रहालय में बॉलीवुड अभिनेता ऋतिक रोशन के मोम के मूर्ति लोग के बेहद पसंद आवत बा. एह संग्रहालय में पिछला दिने करीना कपूरो के मूर्ति लगा दिहल गइल बा.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा अपना पहिला म्यूजिक एलबम ले के उत्साहित त बाड़ी बाकिर लास एंजेलिस के स्टूडियो में कई घंटा का रिकार्डिग से ऊ थाकियो गइल बाड़ी.
  • बॉलीवुड के अभिनेता रहल धर्मेद्र अभिनेत्री हेमा मालिनी के बड़की बेटी ईशा देयोल के कहना बा कि कवनो सितारा के बेटा भा बेटी होखला के आपन अलगे नफा नुकसान बा आ कवनो जरूरी नइखे कि सितारा के संतानो सितारा बनि जाव.
  • बॉलीवुड खातिर हॉलीवुड कलाकारन के झुकाव बढ़ल जात बा, अब नया नाम आइल बा क्रिस्टन स्टीवर्ट के जे सुपरस्टार शाहरुख खान का साथे काम करे के मनसा जतवले बाड़ी.
  • अक्षय कुमार आ सोनाक्षी सिन्हा अभिनीत आ निर्माता शिरीष कुंदर के थ्री डी फिल्म ‘जोकर’ अगिला साल 30 अगस्त के प्रदर्शित होई.
  • सबसे बड़हन अभिनेता बनल चाहत बाड़न रणबीर कपूर. बॉलीवुड के महान शोमैन राजकपूर के पोता रणबीर के कहना बा कि ऊ ‘सबले बड़का अभिनेता’ बनल चाहत बाड़े.
  • हॉलीवुड अभिनेता ब्रैड पिट अपना लड़िकन के कम्प्यूटर्स लुका दिहले काहे कि ऊ चाहत बाड़े कि बच्चा सब एक दोसरा साथे खेलऽ सँ आ बतियाव सँ.
  • शिव सेना प्रमुख बाल ठाकरे शनिचर का दिने कहलन कि बॉलीवुड अभिनेता अमिताभ बच्चन के भारत रत्न से सम्मानित करे के चाहीं.

खेल के खबर

  • बल्लेबाज युवराज सिंह बुद्ध इंटरनेशल सर्किट पर भइल फॉर्मूला वन रेस ‘इंडियन ग्रां पी’ के कमाल के बतावत कहलन कि साल में एके बार होखे वाला एह प्रतियोगिता के भारत में क्रिकेट मैच जइसन लोकप्रियता मुश्किले से मिल पाई.
  • मीरपुर टेस्ट में वेस्टइंडीज टीम अपना बल्लेबाज किर्क एडवर्डस (121) के शानदार बल्लेबाजी का बाद अपना तेज गेंदबाज फिडेल एडवर्ड्स (58/5) के बेहतरीन गेंदबाजी का सहारे मैच के दोसरका दिने अतवार के बांग्लादेश के पहिला पारी में सात विकेट के नुकसान करा के 204 रन पर रखले बा.
  • ग्रेटर नोएडा के बुद्ध इंटरनेशल सर्किट पर देश में पहिला बेर आयोजित फॉर्मूला वन (एफ-1) रेस ‘इंडियन ग्रां पी’ में भारत के फोर्स इंडिया टीम के चालक एड्रियन सुतिल माथ दस गो टीम में जगहा बनावे में सफल रहले आ नउवाँ जगहा पर अइले.
  • विश्व चैम्पियन रेड बुल टीम के चालक सेबेस्टियन वेट्टल भारत में भइल पहिला फॉर्मूला वन रेस ‘इंडियन ग्रां पी’ जीत लिहले.
  • लाला अमरनाथ के जन्मशताब्दी का मौका पर उनुका नाम से रणजी ट्राफी में पुरस्कार दी बीसीसीआई.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के बल्लेबाज केविन पीटरसन के कोलकाता में भइल बीसबीसा मैच में आचार संहिता लाँघे के दोषी बनला पर फटकार लगावल गइल बा.
  • शनिचर का दिने कोलकाता में भइल बीसबीसा क्रिकेट मुकाबला में इंगलैण्ड भारत के हरा दिहलसि. केविन पीटरसन के मैन ऑफ द मैच पुरस्कार मिलल.
  • केंद्र सरकार के प्रस्तावित खेल नियमन विधेयक के मसौदा के खेल निकायन के मौलिक अधिकार पर हमला बतावत बीसीसीआई शनिचर का दिने ओकरा के खारिज कर दिहलसि.
  • युवराज, विराट आ इशांत के बीसीसीआई शनिचर का दिने ग्रेड-‘ए’ में शामिल कर लिहलसि. अगिला सत्र से एह लोग के एक करोड़ रुपिया सालाना के फीस मिली.
  • त्रिनिडाड व टोबैगो फुटबाल महासंघ के अध्यक्ष ओलिवर कैम्पस शनिचरा का दिने इस्तीफा दे दिहलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *