देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 1 नवंबर)
देश

  • एयर इंडिया में पायलटन के हड़ताल टारे के कोशिश हो रहल बा.
  • राजस्थान के एगो नर्स भंवरी देवी के लापता होखे के मामिला में केंद्रीय जांच ब्यूरो भंवरी के सुराग देबे वाला के पांच लाख रुपिया इनाम देबे के एलान मंगल का दिने कइलसि.
  • हज करे 1.2 लाख भारतीय सऊदी अरब चहुँपले.
  • रक्षा मंत्री ए.के. एंटनी मंगल का दिने जापान रवाना भइले जहाँ ऊ जापान का साथ कई एक समझौता के अवसर खोजीहें
  • अन्ना हजारे प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं, सोनिया गाँधी आ कानून मंत्री के चिट्ठी लिख के चेतवले बाड़न कि अगर संसद के शीतकालीन सत्र में जनलोकपाल विधेयक ना आइल त ऊ फेरू अनशन पर बइठ जइहें.
  • सीबीडीटी ओह खबरन के गलत बतवलसि जवना में कहल गइल रहे कि कुछ सांसदन के विदेशी बैंक में जमा धन का मामिला में नोटिस भेजल गइल बा.
  • 2जी मामला में दूरसंचार सचिव रहल सिद्धार्थ बेहुरा सीबीआई पर भेदभाव करे के आरोप लगवले बाड़न. काहे कि सीबीआई दोसरा अभियुक्तन के जमानत के विरोध नइखे करत बाकिर उनका जमानत के विरोध करत बिया.
  • कनिमोझी, आ राजा समेत पाँच जने के जमानत याचिका के मंगल का दिने सीबीआई अदालत में कवनो विरोध ना कइलसि.
  • वोट खातिर नोट मामिला में भाजपा सांसद अशोक अर्गल के न्यायालय में पेशी से छूट दे दिहल घ५ल बा.
  • मेघालय में विद्रोहियन के गिरफ्तारी खातिर तलाशी अभियान चलावल जात बा.
  • मंगल का दिने मणिपुर में आर्थिक नाकेबंदी के आंशिक रूप से हटा लिहल गइल.
  • नाबाम तुकी बनलन अरुणाचल के नयका मुख्यमंत्री आ एकरा साथही पिछला तीन महीना से चलल आ रहल अनिश्चितता के दौर खतम हो गइल.
  • अप्रैल में अन्ना हजारे के पहिलका अनशन से लेके सितम्बर तक का छह महीना में उनका टीम के 2.94 करोड़ रुपिया दान में मिलल. आजु मंगल का दिने टीम अन्ना आपन हिसाब किताब सार्वजनिक कर दिहलसि.
  • लेफ्टिनेंट जनरल श्रीकृष्ण सिंह नयका उप सेना प्रमुख के कार्यभार मंगल का दिने सम्हार लिहले.
  • महबूबा मुफ्ती फेर से पीडीपी अध्यक्ष चुन लिहल गइली.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के विदेश मंत्री हिलेरी क्लिंटन अपना महतारी के बीमार होखला का चलते आपन ब्रिटेन अउर तुर्की के दौरा रद्द कर दिहले बाड़ी.
  • चीन मंगल का दिने एगो अंतरिक्ष यान प्रक्षेपित कइलसि.
  • इंगलैंड के महारानी के मौत के घोषणा कइसे कइल जाव एकरा खातिर बीबीसी के कर्मचारियन के प्रशिक्षण दिहल जा रहल बा.
  • नाटो लीबिया में आपन अभियान खतम कर दिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मारुति कंपनी अपना कर्मचारियन के हड़ताल का चलते त बाकी कंपनी ब्याज दर बढ़ला का चलते अक्टूबर में कमे गाड़ी बेच पवले.
  • ह्युंडई मोटर के बिक्री 7.5 फीसदी घटल.
  • हीरो मोटोकॉर्प्स के बिक्री 1.32 फीसदी अधिका भइल.
  • यामाहा मोटर के बिक्री अक्टूबर में 27 फीसदी बढ़ल.
  • अंतर्राष्ट्रीय बाजार में रुपिया के औकात घटला आ कच्चा तेल के दाम बढ़ला का चलते देश में ईंधन के दाम फेर बढ़ावल जा सकेला.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय के एगो खंडपीठ सिंगूर भूमि मामिला में टाटा मोटर्स के अपील मुख्य न्यायाधीश का लगे भेज दिहलसि. काहे कि पश्चिम बंगाल सरकार के वकील कहलन कि खंडपीठ एह मामिला में कवनो फैसला करे के अधिकारी नइखे.
  • टोयोटा किर्लोस्कर के बिक्री 63 फीसदी बढ़ल.
  • फोर्ड इंडिया के बिक्री में 20 फीसदी के बढ़ोतरी.
  • टाटा मोटर्स के बिक्री 5 फीसदी बढ़ल.
  • केंद्र सरकार मंगल का दिने विप्रो अध्यक्ष अजीम प्रेमजी के ओह आलोचना के खारिज कर दिहलसि जवना में प्रेमजी कहलेरहले कि सरकार में फैसला लेबे के बेंवत नइखे रहि गइल. सरकार एह टिप्पणी के वास्तविकता से परे बतवले बिया.
  • मंगलो का दिने शेयर बाजार में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 224 अंक नीचे गिर गइल. सोमारो का दिने एक सौ अंक के गिरावट आइल रहे.
  • उद्योगपति जे.एम. मनसुखानी के निधन सोमार का रात हो गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • लोक जनशक्ति पार्टी अध्यक्ष राम विलास पासवान के एह बाति के कवनो अफसोस नइखे कि उनुकर चिराग पासवान राजनीति छोड़ के बॉलीवुड में करियर बनावे गइल बा. रामविलास पासवान के कहना बा कि चिराग बहुते आगा जाई.
  • पिछला हफ्ता शाहरुख खान के ‘रा.वन’ रिलीज भइल रहे त एह हफ्ता गोविंदा अभिनीत ‘लूट’ आ चिराग पासवान अभिनीत ‘मिले ना मिले हम’ रिलीज होखेवाला बा.

खेल के खबर

  • राष्ट्रीय महिला शतरंज में दिल्ली के तानिया सचदेव माथ पर बरकरार बाड़ी.
  • स्पॉट फिक्सिंग मामला में पाकिस्तानी क्रिकेट खिलाड़ी आ कप्तान रहल सलमान बट्ट आ गेंदबाज मोहम्मद आसिफ के लंदन के साउथवार्क क्राउन अदालत दोषी ठहरा दिहलसि.
  • मीरपुर टेस्ट में ब्रावो दोहरा शतक बनावे से चूक गइले बाकिर वेस्टइंडीज मजबूत स्थिति में बावे. चउथा दिने वेस्ट इंडीज आपन दुसरका पारी पांच विकेट का नुकसान पर 387 रन बना के घोषित कर दिहलसि. अब बांगला देश का सोझा 508 रन के निशाना दिहल गइल बा मैच जीते खातिर.

0 Comments