Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 29 नवंबर)

देश

  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला में तिहाड़ जेल में बंद रहल द्रविड़ मुनेत्र कड़गम सांसद कनिमोझी आजु मंगल साँझ के रिहा हो जइहन. काल्हु उनुका समेत पाँच गो आरोपियन के दिल्ली उच्च न्यायालय से जमानत मिल गइल रहे. सीबीआई केहू के जमानत के विरोध नइखे करत.
  • आजुओ, मंगल का दिने, संसद के दुनु सदन के बईठका ना चल पावल. काहे कि रिटेल व्यवसाय में विदेशी निवेश के मुद्दा पर सरकार पीछे हटल नइखे चाहत आ विपक्ष एकरा के होखे नइखे दिहल चाहत. एह मुद्दा पर यूपीए सरकार के कुछ घटको विरोध जतवले बाड़े जवना में द्रमुक आ तृणमूल शामिल बा. एह मुद्दा पर आजु सबेरे बोलावल सर्वदलीय बईठको बेनतीजा रहल.
  • असमिया लेखिका इंदिरा गोस्वामी के लमहर बेमारी का बाद काल्हु गुवाहाटी के एगो अस्पताल में 69 साल का उमिर में निधन हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के ग्वालियर जिला में अपर जिला दंडाधिकारी न्यायालय से दू गो मिलावटखोरन पर 10-10 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा. अब तकले के ई सबले बड़हन जुर्माना बा.
  • टीम अन्ना के रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति अबही दिल्ली नगर निगम नइखे दिहले. ओकर कहना बा कि पुलिस से नो आब्जेक्शन मिलला का बादे अनुमति दिहल जाई.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल आजु मंगल के विश्व भारती के दौरा करीहें.
  • कुख्यात नक्सली नेता किशनजी के मरइला के बाद काल्हु सोमार का दिने पश्चिम बंगाल सरकार के वार्ताकार सोमार का दिने शांति प्रक्रिया से पीछे हट गइलन.
  • लोकपाल विधेयक पर विचार करे वाली संसद के स्थायी समिति 30 नवंबर ले अपना रिपोर्ट के फाइनल कर सकेले.
  • खुफिया विभाग के एगो खास टीम सोमारका दिने इंडियन मुजाहिदीन से जुड़ल आ दिल्ली में कुछ आतंकवादी मामिला में शामिल रहे क आरोपी मोहम्मद इरशाद खान के चेन्नई से गिरफ्तार कर के दिल्ली ले आइल गइल बा.
  • हरियाणा के आदमपुर आ रतिया विधानसभा सीट पर होखत उप चुनाव खातिर प्रचार काल्हु साँझ से बंद हो गइल.
  • इंफोसिस लिमिटेड में कामकरे वाली एगो महिला सहायक प्रबंधक के लाश सोमार का दिने उनुका बेंगलुरु अपार्टमेंट में फांसी पर लटकल मिलल.
  • मणिपुर में 121 दिनों से चलत आ रहल आर्थिक नाकेबंदी सोमार का दिने अस्थायी रूप से हटावे के बात युनाइटेड नागा काउंसिल (यूएनसी) के एगो नेता कहले बाड़न.
  • छत्तीसगढ़ के औद्योगिक शहर कोरबा में एगो आदमी का पेट से आपरेशन कर के छह किलो लोहा के सामान निकालल घइल जवना में 421 गो सिक्का आ दर्जनन नट-बोल्ड आ तीन गो चाभी रिंग शामिल रहल.
  • राहुल गाँधी के कहना बा कि देश का राजनीतिक हलका में सबले बेसी भठियरपन बा आ एहमें बदलाव ले आवे खातिर नवहियन के आगे आवे के पड़ी.
  • महाराष्ट्र में कपास के न्यूनतम समर्थन मूल्य 6,000 रुपये प्रति क्विंटल करे के मांग लेके सोमार का दिने सड़क जाम कइले भारतीय जनता पार्टी सांसद गिरीश महाजन आ 70 गो दोसरा लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • केरल मुल्लापेरियार बांध में बढ़त जलस्तर से चिंतित बा आ ऊ नया बांध बनावल चाहत बा बाकिर तमिलनाडु अइसन नइखे चाहत. एहसे केरल में तमिलनाडु का खिलाफ विरोध प्रदर्शन हो रहल बा.
  • केन्द्रीय दूर संचार मंत्री रहल सुखराम के भठियरपन का एगो मामिला में अपना खराब स्वास्थ्य का नाम पर सोमार का दिने जमानत मिल गइल.
  • दिल्ली में होखत दू दिन के भारतीय युवक कांग्रेस के सम्मेलन के ‘राष्ट्रीय स्तर पर निर्वाचित पदाधिकारियन के सम्मेलन’ कहल गइल बा जबकि ओह लोग के चुनाव भइले नइखे, “चुनल” गइल बा.
  • भारतीय जनता पार्टी जमशेदपुर इलाका में रेलगाड़ियन के रात्रि सेवा बहाल करे के माँग लेके अतवार का दिने प्रदर्शन कइलस जवना चलते चार घंटा ले रेल चक्का जाम रहल !

दुनिया के खबर

  • अमेरिकी ठिकाना के चले देबे खातिर संयुक्त अरब अमीरातो के अपील पाकिस्तान ठुकरा दिहलसि. ओह ठिकाना से नाटो सेना पाकिस्तान के एगो चौकी पर हमला कइले रहुवे जवना में कम से कम दू दर्जन पाकिस्तानी सैनिकन के जान चलि गइल. एकरा बाद पाकिस्तान अमेरिका के ऊ अड्डा खाली कर देबे के कहले बा. अमेरिकी रक्षा विभाग एह मामिला के अमेरिकी सेना के नेतृत्व में जाँच करावे के बात कहले बा.
  • दलाई लामा को ‘मंच’ देबे वला कवनो देश के चीन चेतवले बा कि ई काम चीन के विरोध होई.
  • चीन में टीवी धारावाहिकन का बीच विज्ञापन देखावे पर रोक लागल. पहिला जनवरी से ई रोक लाग जाई.
  • इराक के राजधानी बगदाद का नियिरा एगो जेला का फाटक का लगे सोमार का दिने भइल आत्मघाती हमला में कम से कम 13 लोग मरा गइल आ 28 जने घवाहिल हो गइलन.
  • मुबारक के सत्ता से हटला का बाद मिस्र में पहिला बेर चुनाव करावल जा रहल बा जवना में काल्हु भारी मतदान भइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • केन्द्रीय दूर संचार मंत्रालय कम्पनियन से चर्चा का बादे 3जी रोमिंग पर फैसला करे के बात कहले बा.
  • एस्कॉर्ट्स के शुद्ध लाभ एह साल 120 करोड़ रुपये रहल जबकि पिछला साल 137.5 करोड़ रुपया रहल.
  • देश के उद्योग जगत के कहना बा कि खुदरा क्षेत्र में एफडीआई पर राजनीति बंद कइल जाव. उद्योग जगत के लागत बा कि ई फैसला आम आदमी,लघु उद्योग आ किसानन का फायदा में रही.
  • बंगाल लॉटरी उद्योग 5 गुना कर वृद्धि के विरोध कइले बा. राज्य में लाटरी वितरक आ स्टॉकिस्ट सोमार से एकर काम बंद कर दिहले बाड़े. ओह लोग के कहना बा कि अब व्यापार कइल अब मुश्किल हो गइल बा.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 472 अंक उउ के बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड फिल्मकार महेश भट्ट सोमार का दिने ‘बिग बॉस 5’ के घर में पहुंचले. भट्ट के अगिल फिल्म ‘जिस्म 2’ में लँगटी स्टार सनी लियोन मुख्य भूमिका करीहें.
  • अपना फिल्म ‘पंचवटी’ से बौद्ध धर्म से अवगत भइली दीप्ति नवल.

खेल के खबर

  • आजु कटक का बाराबाती स्टेडियम में भारत आ वेस्ट इंडीज का बीचे पहिलका एकदिना मैच होखे जा रहल बा.
  • 2002 के चैम्पियन रहल भारत के पंकज आडवाणी आपन शानदार प्रदर्शन जारी राखत बेंगलुरु में चलत आईबीएसएफ वर्ल्ड स्नूकर चैम्पियनशिप में दू गो जीत हासिल कर लिहलन.
  • मध्यम गति के गेंदबाज प्रवीण कुमार वेस्टइंडीज का साथे होखेवाला पहिला तीन गो एकदिना में ना खेल पइहें. प्रवीण के माँसपेशी में खिंचाव आ गइल बा.
  • वर्ल्ड टूर टेनिस में रोजर फेडरर छठवाँ बेर चैम्पियन बनलें.
  • अश्विन के दिहल जाई दिलीप सरदेसाई ट्रॉफी.

0 Comments