देश भर के कुलपतियन के सम्मेलन शुक का दिने गोरखपुर में

काल्हु शुक का दिने देश भर के विश्वविद्यालयन के कुलपतियन के ८७वाँ बइठक गोरखपुर विश्वविद्यालय में होखी. एह बइठक में “सतत विकास के लिए उच्च शिक्षा संस्थानों मे शोध” विषय पर एगो गोष्ठीओ होखी. सम्मेलन के उद्घाटन उत्तरप्रदेश के विश्वविद्यालयन के कुलाधिपति राज्यपाल बी॰ एल॰ जोशी करीहें.

परसों शनिचर का दिने भारत समेत सार्क देशन के विश्वविद्यालयन के कुलपतियन के सम्मेलन कुशीनगर में होखी जवना में १८५ गो कुलपति शामिल होखीहें. एह सार्क सम्मेलन के आयोजन गोरखपुर विश्वविद्यालय करत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *