दोस्ते अपना दोस्त के गरदन रेत दिहलसि

मऊ जिला के घोसी इलाका के काजीपुरा गाँव के एगो नवही आसिम के ओकरे संघतिया सलमान ओकरा के पतिराम के बगइचा ले जा के गरदन रेत के मुआ दिहलसि आ आराम से अपना कपड़ा पर लागल खून के दाग छोड़ा के घरे आ गइल. बाद में खोजाई होखे लागल त पता चलल कि आसिम के सबले आखिर में सलमान का साथे देखल गइल रहुवे. शक का आधार पर पुलिस सलमान के ध ले गइल आ पूछ्ताछ में ऊ सगरी किस्सा बक दिहलसि. खून करे के वजह साफ नइखे भइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।