धक धक ड्रीम गर्ल के अवतार बन के अइली माधुरी मिश्रा

MadhuriMishraजल्दिए रिलीज होखे जात फिलिम “इंतजार करब कयामत से कयामत तक” में माधुरी मिश्रा धक धक ड्रीम गर्ल के अवतार में नजर अइहें. एह फिलिम से माधुरी मिश्रा सिनेमा भोजपुरी के देखेवालन का दिल पर अपना अदा के बिजुरी गिरावे में सफल हो गइल बाड़ी. ई फिलिम. तबहिए त माधुरी मिश्रा के फिलिम रिलीज से पहिलही धक धक ड्रीम गर्ल के उपाधि मिल गइल बा.

जान जाईं कि अमीना मूवीज क्रियेशन के एह फिलिम के संगीत पहिलही जारी हो गइल बा आ एकर गीतन के लोकप्रियता से धक धक ड्रीम गर्ल माधुरी मिश्रा यूपी बिहार में फिलिम रिलीज से पहिलही लोकप्रिय बन गइल बाड़ी., ई उनका ला सौभाग्य के बाति बा.

एह फिलिम के मुख्य भूमिकन में सलीम अंसारी, रज़ा मुराद, किरण कुमार, अली खान, कुलजीत बेदी सबरवाल, आरती पोडेल, अउर दीपक भाटिया बाड़ें.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।