धमाल मचावे ला तइयार ‘निरहुआ हिन्दुतानी’

poster-NirahuaHindustani
भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के रोमांटिक एक्शन फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ धमाल मचावे ला तइयार बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, निरहुआ इंटरटेनमेंट आ राहुल खान प्रोडक्शन्स के बैनर तर बनल एह फिलिम में निरहुआ जहाँ मुंबई के गुन्डन के पछाड़त नजर अइहें ओहिजे गाँवो के गुंडन के पिटाई करत लउकीहें.

निरहुआ के ई पचासवी फिलिम ह आ एहमें इनकर नायिका बनल बाड़ी नईकी बाला आम्रपाली. फिलिम जून में रिलीज होखी.


(प्रशांत-निशांत)

1 Comment

  1. sonu

    Nirahua hindustani bhojpuri rilm

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।