धरती के चुनरी रंगाई

– ओमप्रकाश अमृतांशु

fagun
कि आरे झुरू -झुरू बहेला फगुनवा ,
सगुनवा लेइके बा आईल.
लाल -पियर शोभेल गगनवा ,
धरती के चुनरी रंगाईल.
{1}
आमवा से अमरित टपके ,
चह-चह चहके चिरइयाँ.
महुआ सुगंध में मातल,
कुकू -कुकू कुकेले कोइलिया .
कि आरे काऊँ- काऊँ करेला रे कागावा
छप्परवा पे बिरहा गवाइल.
{2}
खेतवा- बधारावा लहसेला ,
हरसेला हियरवा .
अंगना में बरसेला रंगवा,
दुआरा पे बाजेला मजिरावा .
कि आरे सारा रा रा उडेला रे मनवा,
दुधवा में भंगवा घोराइल.
{3}
घुंघटा के फांकावा से झलकेला
सुनर चान मुखडावा.
पोरे -पोरे निखाराइल जबसे
चढ़ल बसंत बेयारावा .
कि आरे खन-खन खनके कंगनवा ,
मिलनवा के घडी नीके आईल .
लाल -पियर शोभेल गगनवा ,
धरती के चुनरी रंगाईल.

3 Comments

  1. ram prakash

    रसदार होली गीत बा .बहुत -बहुत बधाई .

  2. kiran pandit

    nice holi geet.

  3. Bhola Prakash

    very good,बहुते आच्छा लागल.
    बधाई.

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।