धरती के लाल ‘पवन सिंह’

DhartiKeLal-PawanSinghभोजपुरी सिनेमा के लाल पवन सिंह अब ‘धरती के लाल’ बन गइल बाड़ें. अपना अगिला फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ में पवन सिंह शिवा नाम के युवक के भूमिका में बाड़ें जे अपना समाज के भलाई ला हमेशा तइयार रहेला. किसान के बेटा बनल पवन सिंह एह फिलिम में तीन तीन गो नायिकन के नायक बनल बाड़ें. तीनो नायिका हई हॉट गर्ल मोनालिसा, अंजना सिंह, आ अक्षरा सिंह.

निर्माता डॉ॰ यू. एस. प्रसाद आ लेखक निर्देशक कुमार विकल के एह फिलिम के शूटिंग पवन सिहं आजुकाल्हु गुजरात के राजपीपला में करावत बाड़ें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..