‘‘धरती गगन के प्रीत’’ के चौदह 14 दिन के शूटिंग पूरा भइल

सियाराम फिल्म्स के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘धरती गगन के प्रीत’ के 14 दिन के शूटिंग हालही में गुजरात के अलग अलग जगहन पर करावल गइल. फिल्म के निर्माता रंजू शर्मा, निर्देशक रमा शंकर, कहानीकार बलराम आर. गुप्ता, पटकथा-संवाद लेखक युसुफ खान, संगीतकार अमन श्लोक, गीतकार संजीत कुमार, नृत्यनिर्देशक अमरेन्द्र आ श्रवण, संकलनकर्ता दीपक कपूर, एक्शन मास्टर फिरोज खान, कैमरामैन जगमिंदर हुण्डल, क्रिएटिव निर्देशक शैलेन्द्र प्रताप आ प्रोजेक्ट डिजाईनर शशि मोहन हउवे.

एह फिल्म में सत्या, बलराम बाबू, रितिका शर्मा, स्वीटी दत्तानी, धर्मेन्द्र सिंह, गीत, दीपक भाटिया, पुष्पेन्द्र सिंह, युगांत पाण्डेय, अली खान वगैरह के खास भूमिका बा. फिल्म के एक्शन से भरपूर, रोमांटिक, संगीतमय आ पारिवारिक फिल्म बतावल जात बा जवना में जाति-पाति, ऊंच-नीच के भेदभाव मेटा के प्रेमे के जीवन के आधार बनावे के सीख दिहल जाई.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।