धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करत बाड़े नीतीश, कहलन राजद के रामकृपाल

राजद.के प्रधान महासचिव आ सांसद रामकृपाल यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर धर्मनिरपेक्षता के ढोंग करे के आरोप लगावत कहले कि .भाजपा से गठबन्हन तूड़ के नीतीश धर्मनिरपेक्षता के झूठ मुखौटा पहिन लिहले बाड़न. जनता उनका ढोंग के बढ़िया से बूझत बिया आ अगिला चुनाव में नीतीश के बढ़िया से जवाब दी.

राजद नेता रामकृपाल यादव के कहना रहल कि पूरा राज्य में हिन्दू मुस्लिम में वैमनस्य पैदा करे के कोशिश कइल जात बा बाकिर राजद कबहियो अल्पसंख्यकन आ कमजोर वर्ग पर अन्याय ना होखे दी.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।