धारावाहिक सेन्हुर में गजेन्द्र चौहान आ उपासना सिंह के आगम

भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ पर देखावल जा रहल धारावाहिक शो सेन्हुर में छोटका परदा के दू गो मशहूर चेहरा के आगम हो चुकल बा. ई दुनु नाम ह गजेन्द्र चौहान आ उपासना सिंह के. एह धारावाहिक में गजेन्द्र चौहान के आगम दादा ठाकुर का रुप में भइल बा जे अपना परिवार आ बाल बच्चन के सुरक्षा खातिर तंत्र साधना का शरण में चल जात बा. गजेन्द्र चौहान के किरदार बहुते मजगर आ भावना से भरल बा. उपासना सिहं एगो तांत्रिक का भूमिका में बाड़ी जेकर नाम ह अग्नि. उनकरो किरदार बड़ा रुचिगर बनल बा.
Gajendra Chauhan and Upasana Singh in Senhur on Mahuaa TV
एह दूनु आगम से सेन्हुर के मुख्य पात्र प्रिया के जिनिगी के धारा बदल चुकल बा. मनीष जैन का निर्देशन में बनत एह धारावाहिक के हर हफ्ता सोमार से बियफे ले रात आठ बजे से देखल जा सकेला.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।