धुरंधर – द शूटर के प्रमोशन में अइली संगीता

SangeetaTiwariसाईं चलचित्र इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम “धुरंधर – द शूटर” के पूरा टीम समस्तीपुर के भोला सिनेमाघर में फिलिम के प्रमोशन ला चहुँपल. फिलिम के हिरोइन संगीता तिवारी आ अवधेश मिश्रा दर्शकन से सीधा संवाद कइलें. संगीता तिवारी कहली कि ई बात सही बा कि भोजपुरी फिलिमन से हिंदी फिलिम के राह बनेला बाकिर भोजपुरी फिलिमन के मिठास के आपन एगो अलगे अंदाज बा. भोजपुरी फिलिमन के एगो बड़हन दर्शक वर्ग बा. बतवली कि उनुका हिंदी फिलिमो में ऑफर मिलल बा आ फिलिम जल्दिए फ्लोर पर आई. धुरंधर के डायलॉग “ना एको चिट्ठी भेजल . ना एको संदेश” के दोहरावत संगिता कहली कि इहे त ह भोजपुरी के मिठास.

संगीता कहली कि समय आ गइल बा कि सिनेमा भोजपुरी के फूहड़पन से मुक्त करावल जाव. भोजपुरी फिलिमन में अब पारिवारिक, सामाजिक ताना बाना खूबसूरती से परोसल जाए लागल बा एहसे दर्शको सिनेमा घर ओर उमड़े लागल बाड़ें.

धुरंधर फिलिम के प्रचार ला दर्शकन खातिर विशेष इनाम योजनो चलावल जात बा जवना तहत लकी दर्शकन के ढेरे तरह के उपहार दिहल जात बा. प्रोमोशन के एह मौका पर सिनेमा गृह संचालक राज कुमार सिंह, आ राजेश सिंह मौजूद रहलें.


(प्रकाश)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।