धूमधाम से भइल ‘मंगलफेरा’ के मुहूर्त

भोजपुरी फिल्म ‘मंगलफेरा’ का मुहूर्त पिछला दिने बहुते धूमधाम से अंधेरी म्हाडा में कुमार सानू के रिकार्डिंग स्टूडियो ‘सना’ में करावल गइल. एहमौका पर बहुते दिग्गज फिल्म के निर्माता गायत्री राठौड़ आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के बधाई देबे मौजूद रहले. फिल्म के निर्देशक श्रीधर शेट्टी कहले कि ‘मंगलफेरा’ में स्पेशल इफेक्ट का अलावे एगो अउरी नया तकनीक भोजपुरी में पहिला बेर इस्तेमाल कइल जा रहल बा.

फिल्म के कहानी दर्शन राठौड़ के लिखल, पटकथा पियूश शाह आ श्रीधर शेट्टी के, आ संवाद मोहम्मद रफी खान के लिखल बा. संगीत रही राकेश त्रिवेदी के.


( स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।