धूमधाम से भइल ‘मोर्चाबन्दी’ के मुहूर्त

‘सुरसंग्राम’ के जरिये भोजपुरी प्रेमियन के दिल में उतर चुकल गायक मोहन राठौर अब भोजपुरी सिनेमा में बतौर मुख्य नायक अपना पारी के शुरुआत करे जात बाड़न. फिल्म के नाम ह ‘मोर्चाबन्दी’ आ एह में मोहन राठौर का अलावे मनोजो टाईगर नायक के भूमिका में नजर अइहें.

पिछला दिने मनोज टाईगर आ मोहन राठौर के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ के मुहूर्त मुंबई के सन डिजीटल स्टूडियो में कइल गइल त भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ खुद मौजूद रहले टीम के हौसला अफजाई खातिर. मोर्चाबंदी के निर्मात्री हई गीता श्रीवास्तव आ गीतकार, लेखक आ निर्देशक हउवन डा. संजय श्रीवास्तव जे एहसे पहिले दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के लेके भोजपुरी फिल्म ‘हमका अईसा वईसा ना समझा’ बनवले रहले. संगीतकार बाड़े खुद डा. संजय श्रीवास्तव आ अजय प्रसन्ना.

रौनक क्रियेशन के बैनर तले बनत एह फिल्म में रंजीवो वर्मा खास किरदार में नजर अइहें. निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव बतवले कि एकर शूटिंग बस्ती (उत्तर प्रदेश) जिला में अगिला महीना से करावल जाई.

लीक से हटके बनेवाली एह फिल्म का गीत संगीत पर बहुते मेहनत कइल जात बा. मुहूर्त का मौका पर दिनेश लाल यादव, मनोज टाइगर आ मोहन राठौड़ फिल्म निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव के जमके तारीफ करत कहल लोग कि ई निश्चिते एगो अलगा तरह के फिलिम होखी.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिंहा के रपट)

1 Comment

  1. ALOK KUMAR PATHAK

    I WANT TO PARTICIPATE IN BHOJPURI FILM , I AM FROM BALLIA DISTRICT U.P.,

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।