दिल ले गईल ओढनिया वाली के मुख्य खलनायक रजनीश झांजी
-

करीब तीन दर्जन से अधिका छत्तीसगढ़ी फिलिमन के सफल अभिनेता रजनीश झांजी अब भोजपुरी सिनेमा में बालाजी सिने विजन प्रा० लि० के बैनर तले बनत फिल्म “दिल ले गईल ओढनिया वाली” में बतौर मुख्य खलनायक जबरदस्त एंट्री मरले बाड़न. एह फिल्म में ऊ छत्तीसगढ़ी स्टार शशिमोहन सिंह, खेसारीलाल यादव आ अंजना सिंह के प्रेम कहानी के बीचे राह के रोड़ा बनल अंगार यादव का किरदार में अपना अभिनय के लोहा मनववले बाड़न. फिल्म के शूटिंग का दौरान सेट पर मौजूद हर आदमी इनका अभिनय के मुरीद हो गइल.

बचपने से अभिनय के प्रति दीवानगी आजु रजनीश झांजी के एगो बड़हन मुकाम पर ले आइल बा. लगभग तीन दर्जन छत्तीसगढ़ी फिलिमन में सफल अभिनय कर चुकल रजनीश झांजी के सफल फिल्मन में “झन भूलौ माँ बाप ला (सिल्वर जुबली ), टूर रिक्शावाला ( सौ दिन ) अउर भाँवर (पचास दिन ) वगैरह बाड़ी स. भोजपुरी में आवे वाली इनकर फिलिम बाड़ी स एलाने जंग, हमरे नावे जिला हिलेला आ गर्दा उड़ा देब.


(अपना न्यूज़ के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts