धूमधाम से भइल ‘रॉक डांसर’ के मुहूर्त

RockDancerMuhuratरोहन रॉक प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘रॉक डांसर’ के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के एम फोर यू रिकार्डिंग स्टूडियो में पद्मश्री उदित नारायण के गावल गीत के रिकार्डिंग करा के बहुते धूमधाम से भइल.

एह फिलिम के निर्माता सिफू उमाशंकर शॉ, लेखक-निर्देशक कुमार विकल, संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार प्यारे लाल यादव ‘कवि’, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी, एक्शन सिफू तपन कुमार पंडित आ कैमरामैन प्रमोद पाण्डे हउवें.

कलाकारन में नवोदित राज रॉक डांसर के टाइटिल भूमिका में नजर अइहे. नायिका बाड़ी काजल रघवानी. बाकी कलाकारन के चुनल जात बा.

मुहुर्त का मौका पर लेखक-निर्देशक कुमार विकल बतवले कि एह फिलिम से ऊ भोजपुरी सिनेमा में एगो नया प्रयोग करे जात बाड़न. काहे कि मौजूदा हालत से दर्शक उब गइल बाड़े. ऊ कुछ नया देखल चाहत बाड़े एहीसे एह फिलिम में ओह लोग के पसंद के धेयान राखल गइल बा.

निर्माता सिफू उमा शंकर शॉ रॉक डासं अउर मार्शल आर्ट सिखावेले आ कईएक संस्था चलावेले जे नवहियन के मार्शल आर्ट के ट्रेनिंग देले आ रॉक डांस सिखावेले. फिलिम के कहानी पसंद आ गइल त फिलिम बनावे चल दिहलन.

नायक राज के ई पहिला भोजपुरी फिलिम ह. देश विदेश में अनेके शो कर चुकल राज बतवलन कि फिलिम के खास बात एकर एक्शन आ डांस होखी. एक्शन ब्रूस ली के याद दिलाई. अइसन डांस अबही ले कवनो हिन्दुस्तानी फिलिम में नइखे देखावल.

मुहुर्त का मौका पर यूनिट के बधाई देबे ला असलम शेख, अभिषेक चड्ढा, विनय बिहारी, मुन्ना रिजवी, मो. असलम, मंजुल ठाकुर, दिनेश चन्द्र मिश्रा, दिलीप यादव, नकुल प्रसाद, के.के. गोस्वामी, पुष्पा वर्मा, शकीला मजीद, महेश वर्मा, साहिल सुल्तानपुरी, अजय कुमार, पूनम दूबे, संजय भूषण, संजय कुमार, शशिकांत सिंह, समरजीत वगैरह अनेके खास लोग मौजूद रहे.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।