धूम -धाम से प्रीमियर भइल ‘दिल लागल दुपट्टे वाली से’ के

DilLagalDupattaWaliSe
तन्वी मल्टीमीडिया बैनर के तर बनत फिलिम ‘दिल लागल दुपट्टे वाली से’ के प्रीमयर शो पिछला दिने मुंबई के अँधेरी का नवरंग सिनेमा में जोशो खरोश का साथ करावल गइल.

फिलिम में यश कुमार मिश्रा आ अंजना सिंह के मुख्य भूमिका बा आ फिलिम एक्शन, रोमांस, ड्रामा से भरपूर बा. फिलिम देखे वाला दर्शक फिलिम से बहुते खुश नजर अइलें आ यश कुमार मिश्रा अउर अंजना सिंह के अभिनय जम के सरहलें. फिलिम एह लोग के बहुते नीक लागल.

प्रीमियर का मौका पर भोजपुरी जगत के अनेके नामी गिरामी लोग मौजूद रहल जवना में प्रोडूसर प्रदीप सिंह, निर्देशक रवि कश्यप, कलाकार अंजना सिंह, यश कुमार मिश्रा, प्रिया शर्मा, डी के शर्मा, आलोक सिंह, मनोज द्विवेदी, पारी सिंघानिया, असलम शेख, राहुल सिंह, अपूर्वा बिष्ट, सीमा सिंह, संजय पाण्डेय, कोरिओग्राफर पप्पू खन्ना आ रिक्की गुप्ता वगैरह खास रहलन.

सगरी लोग फिलिम देखला का बाद एकरा ला बहुते बधाई दीहल.

‘दिल लागल दुपट्टे वाली से’ फिलिम के मुंबई आ गुजरात में एके साथ रिलीज़ कइल गइल. फिलिम मे कुल ८ गो प्यारा गाना बाड़ी सँ जवना के गीत संगीत विनय बिहारी के ह.

निर्माता दीपक शाह, निर्देशक अहमद फरोग सिद्दीक़ी, गीत-संगीत विनय बिहारी, छायांकन अकरम खान, फाइट दिलीप यादव, कोरिओग्राफर पप्पू खन्ना आ रिक्की गुप्ता.

मुख्य कलाकार यश कुमार मिश्रा, अंजना सिंह, अवधेश मिश्रा, जसवंत सिंह, बृजेश त्रिपाठी वगैरह.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..