धूम धाम से भइल ‘हमके दारु नाही मेहरारू चाही’ फिलिम के मुहूर्त

DaruNahiMehraruपिछला दिने नील कमल फिल्म एंटरटेनमेंट के बैनर तर बने जात फिलिम ‘हमके दारु नाही मेहरारू चाही’ के मुहूर्त मुंबई के अँधेरी का चार बंगला के किंग्स गेट्स स्टूडियो में बहुते धूम धाम से करावल गइल. हिंदी आ भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल अभिनेता अली खान नारियल तोड़के मुहूर्त करवले.

एह मौका पर सिनेमा जगत के अनेके नामी गिरामी लोग मौजूद रहल. एहमें सत्येन्द्र सिंह, जय यादव, संजय पाण्डेय,रितू पाण्डेय, पायल सेठ, उपासना सिंह, जसवंत कुमार, राजेश सिंह, मुकेश सिंह, कल्पना, सचिन यादव, पायल मिश्रा, सोनिया मिश्रा, रजनीश त्यागी वगैरहह शामिल रहले. साथही फिलिम के निर्देशक नन्द किशोर महतो आ निर्माता राम सजन मौर्यो मौजूद रहले.

निर्माता राम सजन मौर्या बतवलन कि एह फिलिम में रोमैंस, एक्शन, ड्रामा सगरी कुछ देखे के मिली आ दर्शक के पुरा मनोरंजन के ध्यान में राखत एकरा के बनावत बाड़े.

एकर संगीतकार राजेन्द्र राज बतवलन कि फिलिम में कुल एगारह गो गाना रही जवन सभके पसंद आई. मुहुर्त का पहिले मशहूर गायिका कल्पना के आवाज में एगो गाना रिकार्ड करावल रहे.

सोनू सिंह आ अक्षय वारंग के पेशकश एह फिलिम के शूटिंग जल्दिए मुंबई वगैरह निमना लोकेशनन प करावल जाई.

निर्माता-लेखक-गीतकार राम सजन मौर्या आ युसूफ भाई शेख, निर्देशक नन्द किशोर महतो, संगीतकार राजेन्द्र राज, कैमरामैन नजीर खान, कोरिओग्राफर पप्पू खन्ना, आ फाइट मास्टर शाबुद रहीहें.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, सत्येन्द्र सिंह, संजय पाण्डेय, जय सिंह, जसवंत कुमार, संजीव चौधरी, आतिश सिंह, खुश्बूदीन, राहुल गुप्ता, मोहन लहरी, सुनील प्रजापति, श्याम जी महतो, अजय कनोजिया, इक़बाल अली, शैलेंदर तिवारी, राजन राज आ सोनिया मिश्रा वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।