‘‘धूम मचईलऽ राजाजी’’ के शूटिंग पूरा भइल

मां शांति एंटरटेन्मेंट का बैनर में निर्माता युगल सुरेश कुमार मणिक आ सूर्यकान्त ‘निराला’ अउर निर्देशक चुनमुन पंडित के भोजपुरी फिल्म ‘धूम मचईलऽ राजाजी’ के पूरा शूटिंग बोधगया (बिहार) आ अगल बगला का लोकेशन पर 22 दिन के स्टार्ट-टू फिनिश शेड्यूल में कर लिहल गइल.

लेखक रामचन्द्र सिंह, संगीतकार रंजय बावला, गीतकार रामचन्द्र सिंह, मनोज मोहित आ सूर्यकान्त निराला, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा, आ कैमरामैन वेल मुरुगन हउवें. मुख्य कलाकार हउवें – छोटू छलिया, गुंजन पंत, रोहित राज, राखी त्रिपाठी, विपिन सिंह, पंकज मेहता, निरुपमा श्री, सुमन्त मिश्रा, सुधा वर्मा अउर जनार्दन सिंह. कविता सिंह आ लावण्या बेथी आईटम गर्ल्स बाड़ी.

निर्देशक चुनमुन पंडित बतवले कि रोमांस एक्शन से भरल एह पारिवारिक फिलिम में एगो अइसन दंपति के कहानी बा जे गांव में पसरल अनाचार आ बाहुबलियन के अत्याचार से बचे खातिर दूर चल जात बा. बाद में उनुकर तीन गो बच्चा होत बाड़े सँ जवन बड़ भइला का बाद जे करत बाड़े उहे एहमें देखावल गइल बा.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..