धूम मचावत बा कजरा मोहब्बत वाला के संगीत

कजरा मोहब्बत वाला

भोजपुरी में एहसाल के सबले चर्चित फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला” के संगीत सुनेवालन के दिलो दिमाग छाप लिहले बावे आ बिहार उत्तरप्रदेश के हजारो मोबाइल उपभाक्ता एकर गाना आपन कालर ट्यून बनवले बाड़ें. पी जे फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता निर्देशक हरीश जयसवाल, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, आ गीतकार राकेश निराला सभे मिल के भोजपुरी मानसिकता का हिसाब से गीत संगीत रचले बाड़ें.
एह गीतन में “राजा जी ज़रा संभल के”, “फिट बाटे हीटर”, “दुनिया के बटलू हमरा के डँटलू” आ “ना मनबू त सटा देब कट्टा” अबहिए लोग का जुबान पर चढ़ गइल बा. एकर संगीत रिलीज़ कइले बावे पी जे म्यूजिक जेकर ई पहिलका रिलीज होखी. एकरा बाद पीजे म्यूजिक गोला बारूद, बा केहू माई के लाल फिलिमन क म्यूजिक आ अनके वीडिओ अल्बम रिलीज़ करे वाली बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।