धूम मचावत बा प्यार जिंदाबाद के संगीत

बरिसन पहिले अमिताभ बच्चन आ रजनीकांत के लेके कईगो बड़हन हिट फिल्म बना चुकल श्री राघवेन्द्र फिल्म्स तेलगु फिल्म जगत के एगो बड़की फिल्म निर्माण कंपनी मानल जाले. लमहर दिन बाद ई कंपनी उत्तर भारत किओर रुख कइले बिया आ प्यार जिंदाबाद नाम से एगो भोजपुरी फिल्म बनवले बिया. हालही में एह फिल्म के संगीत वीनस म्यूजिक कंपनी रिलीज़ कइले बिया..संगीत निर्देशक सिद्दार्थ श्रीवास्तव के संगीत से सजल एह फिल्म के गाना खूब लोकप्रिय हो रहल बाड़ी सँ. फिल्म में कुल नौ गो गाना बा जवना के लिखले बाड़न श्याम जी श्याम आ ओकरा के गवले बाड़न उदित नारायण, कल्पना, मनोज मिश्रा, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, आ खुद सिद्दार्थ श्रीवास्तव.

फिल्म में पंकज केसरी, सेज़ल शर्मा, सारा वगैरह के मुख्य भूमिका बा. अपना प्यार के पावे खातिर एगो नौजवना के संघर्ष के कहानी हवे प्यार जिंदाबाद
जवना के निर्माता काशी जी.आ निर्देशक मोहन राव हउवे. कहानी लिखले बाड़े राजीव यादव. फिल्म के बाकी प्रमुख कलाकारन में हीरालाल यादव, सिद्दार्थ शर्मा आ राजीव यादव शामिल बाड़े. पूरा शूटिंग हैदराबाद के रामो जी राव फिल्म सिटी में भइल बा. निर्माता काशी जी. के कहना बा कि प्यार जिंदाबाद पुरानकी हिंदी फिलिमन का तरह सधल स्क्रिप्ट पर बा.

हालही में रिलीज़ “त्रिनेत्र” के मिलल भारी सफलता से अभिनेता पंकज केसरी के प्यार जिंदाबाद केक बन गइल बा. फिल्म अगस्त में रिलीज़ होखे वाली बा,


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।