धोनी के शहर राँची पर आइल गुंजन के दिल

भोजपुरी फिलिमन के सेक्सी बाला गुंजन पंत पिछला दिने भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी का शहर रांची गइल रही. ओहिजा जाये वाली ऊ पहिलका भोजपुरी अदाकारा हई आ अपना रांची यात्रा के कबो ना भूलाए वाला याद बतावत बाड़ी गुंजन. उनुकर कहना बा कि रांची ऊ जिनगी भर ना भुलइहे काहे कि ओहिजा के लोग उनुका के भरपूर प्यार दिहल.

राँची में गुंजन पंत एगो डांस शो के ऑडिशन खातिर गइल रही जहाँ उनुकर झलक पावे खातिर बड़हन भीड़ जुट गइल रहे. प्रशंसक लोग गुंजन पंत के ऑटोग्राफ लिहल, उनुका साथे फोटो खींचवावल. गुंजन पंत कहतारी कि झारखण्ड जाये से पहिले ऊ बहुते डेराइल रहली. उनुका के बतावल रहे कि झारखण्ड में नक्सली बहुते बाड़े, बाकिर धोनी के शहर रांची त कमाल के शहर निकलल. पूरा तरह से आधुनिक सुख सुविधा वाला. कई लोग सपरिवार आइल रहे गुंजन से भेंट करे.

गुंजन पंत के एह डांस आडिशन में लगभग ढाई सौ युवक आइल रहले आ सभे अपना हीक भर डांस के जलवा देखावल.

रांची में गुंजन पंत बिरसा मुंडा के मूर्ति पर फूल माला चढ़वली आ रांची के जगन्नाथो मंदिर गइली जहाँ से पूरा रांची शहर साफे लउकेला.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. nandkumar

    JHOOT JHOOT AUR JHOOT ,IS PEHLE BHOJPURI KI DOZEN BHAR ABHINETRI RANCHI JAA CHUKI HAIN.ANJORIA.COM SE VINTI HAIN KI JHOOTE KHABHAR NAA CHAAPE

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।