‘धड़केला करेजवा तोहरे नाम’ के शानदार मुहूर्त भइल

त्रिलोक चित्र मंदिर के बैनर तले बनेवाली निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ के नइकी भोजपुरी फिल्म ‘धड़केला करेजवा तोहरे नाम’ के भव्य मुहूर्त हालही में गोरेगांव पश्चिम के फिल्मिस्तान स्टूडियो का सोझा बनल प्लेटिनम रिकार्डिंग स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर बधाई देबे आइल रहले भोजपुरी फिलिमन के चर्चित नायक कुंवर विक्रांत सिंह आ भोजपुरी वर्ल्ड के नइकी सनसनी मोनिका सिंह बत्रा.

एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता हउवन ज्ञानेन्द कुमार जे बहुते उत्साह में बाड़न. निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ के एगो अउर भोजपुरी फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ अपना शूटिंग का पहिलही से खूब चर्चा में बावे. ‘धड़केला करेजवा तोहरे नाम’ का बारे में बतियावत निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह उमेद जतवले कि ई फिलिम हर वर्ग के दर्शक के नीमन लागी.

“धड़केला करेजवा तोहरे नाम’ के गीतकार एस. कुमार, शंकर सैदुरी अउर अशोक सिन्हा, संगीतकार गुणवंत सेन, कार्यकारी निर्माता अनिल कुमार गुप्ता, दीपशिखा गुप्ता, शशांक श्रीवास्तव आ आर.पी. सिंह, सहयोगी निर्माता प्रियदर्शी श्रीवास्तव ‘विक्की’, कहानीकार मोनिका सिंह, पटकथा आ संवाद लेखक शंकर सैदपुरी, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ कैमरामैन प्रमोद पांडे हउवन.

फिल्म के शूटिंग जल्दिये जौनपुर में कइल जाई.जल्द की जायेगी.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।