‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ 28 दिसम्बर से मुंबई में रिलीज भइल

dhadkela-raniबिहार में सुपर हिट होखाला क बाद जबरदस्त एक्शन से भरल रोमांटिक थ्रिलर फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ अब मुंबईओ में पिछला 28 दिसम्बर के सफलता से रिलीज हो गइल. एह फिलिम में नवोदित विजय वर्मा, रानी चटर्जी, भोजपुरी फिल्मों के प्राण खलनायक संजय पांडे, चर्चित गायक अरविंद अकेला ‘कल्लू’, अयाज खान देखेवालन के दिल जीत लिहलन. एकर निर्देशक दिनेश यादव चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहले आ एक दर्जन से बेसी फिलिमन में योगदान दिहले रहलन.

एह फिलिम के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. कइले बावे. गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतो श्याम देहाती के ह. मार-धाड़ दिलीप यादव करवले त कलाकारन के नचावे क जिम्मा कानू मुखर्जी के रहल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..