नईकी आईटम क्वीन बनली सीमा सिंह

भोजपुरी फिल्म बने आ ओकरा में आइटम नंबर ना होखे, ई होइये ना सके. आजुकाल्हु के फिलिम अपना कहानी के दम पर कम, आइटम नंबर का चलते बेसी सुर्खी पावत बाड़ी सँ. कुछ लोग के त इहाँ तक मानना बा कि आइटम डांस के बिना फिलिम अधिये होले. लोग थियेटर में मनोरंजन ला जाले, बोर होखे ना. से अगर आइटम नंबर पसंद आ गइल त फिलिम हो गइल हिट, आ ना भइल त गइल पीट ! एही चलते आजु आइटम डांसर के डिमांडो खूब हो गइल बा.

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन आइटम गर्ल संभावना सेठ का बाद यदि केहू एह उपाधि लायक मानल जाला त ऊ हई सीमा सिंह. फिल्म ‘जब केहू दिल में समा जाला’, ‘दाग’, ‘लहरिया लूटा ए राजा जी’, ‘मृत्युंजय’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’, ‘कुरुक्षेत्र’, ‘कर्तव्य’, ‘दुश्मनी’, ‘अपने बेगाने’ वगैरह में अपना आइटम नंबर से लोगन के दिल जीत चुकल सीमा के कहना बा कि ऊ केहू के टक्कर देबे नइखी आइल, बलुक आपन काम देखावे आइल बाड़ी. लोग के अगर उनुकर काम पसन्द आवत बा त इहे उनुकर जीत बावे.

सीमा सिहं कहेली कि शुरुआत में तनी डर लागत रहे बाकिर एक दू गो फिल्म कइला का बाद ई डर अपने आप खतम हो गइल. बाकिर सीमा नइखी चाहत कि ऊ आइटम गर्ल का इमेज में क़ैद हो जासु. बहुत कमे लोग जानत होखी कि ‘चोरवा बनल दामाद’ में सीमा नायिका रहली बाकिर लोग फिलिम के नोटिस ना लिहल. गनीमत इहे रहल कि सीमा आइटम नंबर करत रह गइली. अब सीमा आइटम नंबर करते में आपन इमेज बदलल चाहत बाड़ी. कोशिश बा कि लोग उनुका के एगो सफल अभिनेत्रियो का तरह जाने.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।