नक्सलियन के घेर मारे का आरोप में चार जने गिरफ्तार

मुंगेर जिला के हरिणमार दियारा में कुछ लोग माओवादियन के भोज पर बोलवले रहुवे. जब ऊ अइले सँ त ओह गिरोह के बारह सदस्यन के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे आ ओकनी के हथियार लूट लिहल गइल रहे. शठे शाठ्यम समाचरिते के एह उदाहरण से सरकार सहमत नइखे आ ओह अपराध के दोषियन के गिरफ्तारी शुरु कर दिहल गइल बा. मराइल माओवादियन के नौ गो कंकाल तारापुर बहियार से बरामद होखला का बाद एह काण्ड के भेद खूल गइल रहे. शवपरीक्षण खातिर कंकालन के भागलपुर मेडिकल कालेज भेजल गइल बा.गिरफ्तार चार लोग रैयता आ तौफिर दियारा के हवे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..