नक्सलियन के हमला में नौ गो जवान शहीद

(प्रतिकात्मक फोटो)

सुकमा, 13 मार्च (वार्ता). छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला के क्रिस्टाराम इलाका में आजु नक्सलियन के बारूदी सुरंग धमाका से सीआरपीएफ के नौ गो जवान शहीद हो गइले आ दू गो घवाहिल हो गइले.
पुलिस से पता चलल कि सुकमा जिला मुख्यालय से लगभग साठ किलोमीटर दूर नक्सली एह घटना के दुपहरिया में अंजाम दिहलें. एकरा बाद दुनु ओर से गोलीबारिओ भइल बाकिर नक्सली घन जंगल में भाग गइले. घवाहिल जवानन के क्रिस्टारम में प्राथमिक उपचार का बाद हेलीकाप्टर से रायपुर भेजल गइल. शहीद जवानन के हथियारो ले भागल बाड़ें स नक्सली.
बतावल जात बा कि क्रिस्टारम थाना से सीआरपीएफ के 212वीं बटालियन के जवान ‘एंटी लैंडमाइंस व्हीकल’ में सवार होके सड़क निर्माण में लागल श्रमिकन के सुरक्षा खातिर पालोदी गांव का ओर जात रहलें. बीचे में पहिलहीं से घात लगा के बइठल नक्सली वाहन के निशाना पर लेत बारूदी सुरंग में धमाका करा दिहलें. एह बहते बरियार धमाका से वाहन के परखच्चा उड़ गइल आ आठ गो जवान मौके पर शहीद हो गइलें. एक जने के मौत इलाज का दौरान भइल. दू गो जवानन के इलाज अबहीं चलत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..